[the_ad_group id="30365"]

Kamika Ekadashi 2024: कामिका एकादशी कब हs 30 आ 31 जुलाई? ईहां डेट के लेके कंफ्यूजन करीं दूर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एकादशी व्रत भगवान विष्णु के समर्पित बा। एह दिन लोग व्रत के पालन करेला आ विधिवत भगवान नारायण के पूजा करेला। कहल जाला कि एकादशी के उपवास से लक्ष्मीनारायण के विशेष आशीर्वाद मिलेला। हर महीना में दु बेर एकादशी व्रत मनावल जाला, पहिला शुक्ल पक्ष में आ दूसरा कृष्ण पक्ष में। सावन में पड़े वाला एकादशी के खास मान्यता बा। तs बता दी कि सावन के महीना में पड़े वाला कामिका एकादशी के व्रत कवना दिन होई।

कामिका एकादशी के व्रत कब होई? 

कामिका एकादशी व्रत सावन महीना के कृष्ण पक्ष के एकादशी तिथि के मनावल जाला। एह साल कामिका एकादशी के व्रत 31 जुलाई 2024 के मनावल जाई। कहल जाला कि कामिका एकादशी के व्रत रखला से व्यक्ति के सब मनोकामना पूरा हो जाला। इहो मानल जाला कि कामिका एकादशी के दिन व्रत कइला से एगो महान संतान के जनम होला।

कामिका एकादशी 2024 शुभ मुहूर्त

*सावन कृष्ण पक्ष एकादशी तिथि आरंभ- 30 जुलाई 2024 के सांझ 4 बज के 44 मिनट से

*सावन कृष्ण पक्ष एकादशी तिथि समाप्त- 31 जुलाई के दोपहरिया 3 बज के 55 मिनट पs

*कामिका एकादशी तिथि- 31 जुलाई 2024

कामिका एकादशी 2024 पारन के का समय होई?

एकादशी के पारन द्वादशी तिथि के कइल जाला। तुलसी के पत्ता खईला के बाद ही व्रत तोड़े के चाही। कामिका एकादशी 1 अगस्त 2024 के मनावल जाई। पंचांग के मुताबिक कामिका एकादशी के पारन के शुभ समय सबेरे 5.43 बजे से 8.24 बजे ले होई। द्वादशी तिथि के समापन एक अगस्त के दुपहरिया 3:28 बजे होई।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]