[the_ad_group id="30365"]

‘छुटी लेवे के मन रहे ‘: पुलिस पूछताछ में पता चलल, दिल्ली के स्कूल पs बमबारी करेवाला आरोपी छात्र निकलल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दक्षिण दिल्ली स्कूल में बम के धमकी : दिल्ली के समर फील्ड स्कूल में बम के धमकी देवे के आरोपी छात्र के पकड़ल गइल। बम के जानकारी मिलला के बाद स्कूल के खाली करा के बच्चा के घरे भेज दिहल गइल। तीन घंटा के जांच के बाद ई जानकारी झूठा निकलल।

ग्रेटर कैलाश-१ स्थित समर फील्ड स्कूल में बम के खबर से शुक्रवार के सबेरे दहशत मच गइल। स्कूल में बम लगावे के जानकारी ई-मेल के माध्यम से मिलल। जइसहीं प्रबंधक के धमकी वाला ई-मेल देखलस, पुलिस के मदद से 10 मिनट के भीतर स्कूल खाली कs दिहल गइल। अभिभावक लोग अपना बच्चा के उठावे खातीर स्कूल के ओर भाग गइले। करीब तीन घंटा के जांच के बाद सूचना के गलत घोषित कs दिहल गइल। बम के धमकी देवे वाला आरोपी के पहचान हो गइल बा।

आरोपी छात्र पकड़ा गइल

दिल्ली पुलिस के कहनाम बा कि, 14 साल के छात्रा के पहचान हो चुकल बा। उनका से पूछताछ होखता। छात्रा स्कूल ना जाए के चाहत रहे। एही से ऊ बम के धमकी के मेल भेजले। छात्रा मेल में दुगो अवरू स्कूल के भी जिक्र कइले रहे। ताकि ई असली लागे। फिलहाल पुलिस अभी भी जांच में जुटल बिया।

पुलिस तीन घंटा तक जांच कइलस

ग्रेटर कैलाश-I थाना के सबेरे बम लगावे के जानकारी समर फील्ड स्कूल, कैलाश कालोनी, जीके-1, नई दिल्ली से मिलल रहे। दक्षिण जिला पुलिस उपायुक्त अंकित चौहान बतवले की अज्ञात आईडी से ईमेल आइल । मेल में बतावल गइल कि स्कूल में बम लगावल गइल बा। जल्दिये बम फट जाई आ सभे मर जाई। बीडीएस टीम, बम डिटेक्शन कुत्ता आ स्थानीय पुलिस स्कूल में बम के तलाश शुरू कs देलस। स्कूल के भवन तीन मंजिला बा। तलाशी के दौरान स्कूल में कुछूओ ना मिलल।

समर फील्ड स्कूल के प्रिंसिपल शालिनी अग्रवाल कहली कि देर रात हमनी के ई-मेल आईल रहे। पुलिस समय पs पहुंचल, ऊ जांच आ मदद करे खाती आभार जतवली। ग्रेटर कैलाश-१ के कैलाश कालोनी मे स्थित समर फील्ड स्कूल मे बम के धमकी मिलल सुबह मे सूचना मिलल पुलिस उपायुक्त अंकित चौहान बतवनी । अनजान बदमाश गुरुवार के रात करीब 8.24 बजे ई-मेल भेजले। पुलिस उपायुक्त बतवले कि ई-मेल भेजे वाला संदिग्ध के पता लगावे के कोशिश कइल जाता।

पहिले भी धमकी मिलल बा

एकरा से पहिले भी दिल्ली के बहुत मशहूर स्कूल में बम के धमकी मिलल बा। ज्यादातर मामला में ई-मेल के माध्यम से धमकी दिहल जात रहे। एह साल मई में राजधानी के करीब डेढ़ सौ स्कूलन के धमकी मिलल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]