[the_ad_group id="30365"]

कलयुगी शिक्षक के कारनामा: फार्म भरवाए के बहाना छात्रा के आधार कार्ड से बनवा लिहलस निकाहनामा, तुड़वा देलस शादी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में एगो चौंकावे वाला मामला सामने आइल बा। इहाँ रामगढ़ताल इलाका में रहे वाली एगो लईकी के संगे ओकर गुरु धोखाधड़ी से निकाहनामा तैयार क देले अवुरी ओकरा बाद ओकर बियाह तूड़वा देले।

जानकारी के मुताबिक पीड़िता के पिता तहरीर में लिखले बाड़े कि सद्दाम अपना बेटी के ट्यूशन पढ़ावत रहले। ए दौरान ऑनलाइन फॉर्म भरला के नाम पs आधार कार्ड लेके फर्जी निकाहनामा के तैयार करइले। जवना के आधार पs उ विदाई मांगतारे अवुरी बेवजह परेशान करतारे। एक ओर जहां बेटी के बियाह 14 जून के तय भईल रहे, आ कार्ड भी बांटल गईल रहे। बियाह के बारे में सब रिश्तेदार के पता चलल।

लेकिन, आरोपी बियाह करे वाला लईका से संपर्क क के बियाह तूड़वा देले। आरोपी सद्दाम रोज घर में आके विदाई करे के दबाव बनावेले। एकरा लेके घर के नवहियन से भी उनकर झगड़ा हो चुकल बा। अब उ लईकी के भेजे के दबाव बनावत बाड़े।

प्रभारी निरीक्षक रामगढ़ताल शशिभूषण राय बतवले कि तहरीर के आधार पs मामला दर्ज करा के मामला के जांच कईल जाता। जांच अवुरी सबूत के आधार पs कार्रवाई कईल जाई।

साभार- अमर उजाला

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]