फराह खान समझवली मजाक करे के हद

Share

अंतर्राष्ट्रीय भारतीय फिल्म अकादमी पुरुस्कार (आइफा) के आगाज हो चुकल बा। बियफे के उद्घाटन समारोह में बॉलीवुड के दबंग स्टार सलमान खान सहित कइयन गो सितारा मवजूद रहल लो। एह दौरान फराह खान मजाक करे के हद समझवली।

आइफा 2022 प्रेस कान्फ्रेस के दौरान फराह खान कहली कि केहू के साथे मजाक करे आ केहू के अपमानित करे के बीचे एगो लाइन बहुत अहम होला। हमनी के ई लाइन खिंचे के होई। फराह कहली कि कॉमेडी में का सीमा होखे के चाहीं। खास कs के एगो अवार्ड शो के मेजबानी करत घरी। ऊ कहली कि हम एह इंडस्ट्री में पिछिला 30 साल से बानी। हर केहू हमार सेंस ऑफ़ ह्यूमर जानत बा कि हम तनी जादे मजाक करेनी बाकिर हम दूसरा इंसान के कबो बुरा महसूस नइखी करा सकत।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-