[the_ad_group id="30365"]

फांसी पs लटकल मिलल मशहूर यूट्यूबर, परिवार ससुराल वालन पs लगइलस हत्या के आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भोजपुरी के मशहूर यूट्यूबर मालती देवी के लाश उनुका घर में लटकल मिलल। पुलिस से मिलल जानकारी के मुताबिक बियफ़ें के उत्तर प्रदेश के संत कबीर नगर में आपन ससुराल में मालती देवी आत्महत्या कs देली। लेकिन 23 साल के मालती के पिता के आरोप बा कि उनुकरी बेटी के हत्या हो गईल बा। मालती के ससुराल के लोग दहेज के मांग के चलते ओकर हत्या कs देले बाड़े।

एह मामिला के लेके यूट्यूब पs बहुते बवाल मच गइल बा। मालती के हत्या में आपन यूट्यूब चैनल भोजपुरी भाभी नाम से चलावे वाली औरत के नाम लिहल जा रहल बा। मालती के एगो वीडियो वायरल हो रहल बा, जवना में उ रोवत-रोवत आपन हालत के बखान करत बाड़ी। वीडियो में साफ-साफ देखल जा सकता कि उ परेशान बाड़ी अवुरी बतावत बाड़ी कि उनुका के मारत बा । मालती के एगो दोस्त के एगो वीडियो भी सामने आईल बा, जवना में उ इ कहत देखाई देतारी कि मालती के संगे कुछ गलत हो गईल बा अवुरी उs पहिलही से जानत रहली कि मालती परेशान बाड़ी।

मालती के पति के मुताबिक मालती अर्जुन नाम के एगो आदमी से प्यार करत रहली अवुरी उनुका से बियाह कईल चाहत रहली। उ बतवले कि उ काल्ह रात के दस बजे तक मालती के संगे रहले अवुरी मालती उनुका से कहले रहली कि अर्जुन के बिना उ ना रह सकेली, एहसे उनुकर बियाह उनुका से कs दी, ना तs अर्जुन उनुकर हत्या कs दिहे।

एएसपी संतोष कुमार सिंह बियफ़ें के ट्विटर पs एगो वीडियो में बयान जारी कईले। जवना में उ बतवले कि दीप चंद चौहान उनुका से शिकायत कईले रहले कि महुली थाना क्षेत्र के एगो गांव में स्थित उनुका ससुराल में उनुका बेटी मालती देवी के लाश कमरा के हुक से लटकत मिलल बा। मौका पs पुलिस टीम भेजल गईल। लाश बरामद कs के पोस्टमार्टम खातीर भेज दिहल गईल।”

मालती के पिता के ओर से दर्ज शिकायत के आधार पs मालती के पति विष्णु कुमार अवुरी उनुका तीन रिश्तेदार के खिलाफ भारतीय दंड संहिता के संबंधित धारा के तहत महुली थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गईल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]