[the_ad_group id="30365"]

चर्चित IG विकास वैभव के चोरी गइल पिस्टल भइल बरामद, बेडरूम से लेके भागल रहे होमगार्ड जवान के बेटा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पिछला दिनन में आईजी विकास वैभव के जवन पिस्टल चोरी हो गइल रहे, ओकरा के पुलिस बरामद कs लेले बिया। चोरी गइल पिस्टल के संगे संगे पुलिस 25 कारतूसो के बरामद कइले बिया। ममिला में पुलिस आरोपी सुमित के गिरफ्तार कs लेले बिया। पूछताछ के दौरान सुमित पुलिस के बतवलस है कि साफ-सफाई करे वाला सूरजे विकास वैभव के बेडरूम से उनकर पिस्टल के चोरवले रहे आ बाद में ओकरा के बेच देले रहे।

दरअसल, बीतल 25 नवंबर के राजधानी पटना से आइजी विकास वैभव के लाइसेंसी रिवाल्‍वर चोरी होखला के खबर सामने आइल रहे। ममिला सामने अइला के बाद पुलिस महकमा में हड़कंप मच गइल रहे। पुलिस शक के आधार पs घर के सफाई करे वाला होमगार्ड जवान के बेटा के हिरासत में लिहल गइल रहे। ऑपरेशन होखला के कारण होमगार्ड जवान वीरेंद्र राम अपना बेटा के साफ-सफाई करे खातिर आईजी के आवास पs भेजले रहलें।

एही बीच बियफे के विकास वैभव के आवास से उनकर लाइसेंसी रिवाल्‍वर चोरी हो गइल। पहिले ओकर बहुते खोजबीन कइल गइल बाकिर ओकर पता ना चलल। ममिला के सूचना गर्दनीबाग पुलिस के दिहल गइल, जवना के बाद पुलिस मवका पs पहुंचल आ होमगार्ड जवान के बेटा के शक के आधार पs धs लेलस। थाना में जब पुलिस सख्ती से पूछताछ कइलस तs होमगार्ड के आरोपी बेटा सारा सच पुलिस के सोझा उगिल देलस। जवना के बाद पुलिस पिस्टल किने वाला जुवको के धर दबोचलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]