[the_ad_group id="30365"]

Facebook Bug: एक झटका मे मार्क जकरबर्ग के फॉलोअर्स खतम, अउरियो लोगो के भइल गायब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फेसबुक में एगो बग के वजह से रातों-रात लोगों के लाखन-करोड़न के फॉलोअर्स गायब हो गइल बाड़े। बग के एह आंधी में मेटा के सीईओ मार्क जकरबर्ग तक ना बच सकल बाड़े। मार्क जकरबर्ग के फॉलोअर्स अब खाली 9,993 बचल बाड़े। उनका पेज प एह फॉलोअर्स के संख्या के देखल जा सकत बा।

कइयन गो आउर यूजर्स फॉलोअर्स अचानक से खतम होखला के शिकायत कइले बा लो। कहल जा रहल बा कि ई फेक फॉलोअर्स के छंटनी के परिणाम ह त सवाल ई उठत बा कि का मार्क जुकरबर्ग के सब फॉलोअर्स फेक रहे।

Meta हाले में हाई एंड रियलिटी हेडसेट पेश कइल बा लो जवनाक के मार्क जकरबर्ग अपना फेसबुक पेज प शेयर कइले बा लो। नया हेडसेट के नाम Meta Quest Pro रखल गइल बा आ एकर कीमत 1,500 डॉलर माने करीब 1,23,459 रपिया रखल गइल बा लो। ई हेडसेट नेचुरल फेस एक्सप्रेशनो के ट्रैक करी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]