[the_ad_group id="30365"]

अमरावती जेल में धमाका, बॉल के अंदर विस्फोटक रखके फेंकलस, मामिला के जांच में जुटल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

महाराष्ट्र के अमरावती केन्द्रीय जेल में जब भीतर भारी विस्फोट हो गइल तs दहशत मच गइल. दरअसल अमरावती केंद्रीय जेल के भीतर देसी बम फेंकला के बाद भा गेंद के भीतर भरल पटाखा फेंकला के बाद भारी विस्फोट भईल। हालांकि एs घटना में फिलहाल कवनो हताहत नईखे। बता दीं कि ई घटना रात साढ़े आठ बजे के आसपास बतावल जा रहल बा। एs घटना के जानकारी मिलते जेल विभाग में हलचल मच गईल। घटना के तुरंत बाद पुलिस आयुक्त नवीनचंद्र रेड्डी, डीसीपी समेत बाकी अधिकारी मौका पs पहुंचले।

पुलिस मामला के जांच में जुटल बिया

बता दीं कि बम निपटान दस्ता आ फोरेंसिक टीम तुरते मौका पs पहुँच गइल. पुलिस जांच शुरू कs देले बिया शुरुआती जांच में पाता चलल कि प्लास्टिक के क्रिकेट के गेंद में केहु पटाखा चाहे विस्फोटक भर के जेल के पीछे के दीवार से फेंक देले रहे। एक गोला फट गइल जबकि दोसरका ना, जवन बरामद हो चुकल बा. पुलिस सीसीटीवी के माध्यम से विस्फोटक गेंद फेंके वाला के खोज में व्यस्त बिया। विस्फोट में कवना तरह के बारूद रहे? अब एकर जानकारी फोरेंसिक जांच के बाद ही होई।

पुलिस मामला के जांच में जुटल बिया

एs घटना के बारे में अमरावती पुलिस आयुक्त नवीन चंद्र रेड्डी बतवले कि शुरुआती जांच में पता चलल बा कि बगल के राजमार्ग थाना के ऊपर एगो गेंद के माध्यम से पटाखा चाहे बम फेंकल गईल बा। फेंके वाला आदमी के पता लगावल जा रहल बा। एकर जांच जारी बा। एs घटना में केहु के कवनो नुकसान ना भईल। पुलिस मामला के जांच में व्यस्त बिया कि के फेंकलस अवुरी काहें फेंकलस? एकरा पीछे का कारण बा? पुलिस के कहनाम बा कि फोरेंसिक जांच के बाद ही पता चली कि विस्फोटक फेंके वाला आदमी कवन सामग्री के इस्तेमाल कईले रहे।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]