मध्य प्रदेशः जबलपुर के ऑर्डिनेंस फैक्ट्री में जबरदस्त धमाका, दु गो के मउत, 9 गो कर्मचारियन के हालत नाजुक

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 22, 2024

  मध्य प्रदेश के जबलपुर में एगो ऑर्डिनेंस फैक्ट्री (हथियार बनावे वाली कंपनी) में भारी विस्फोट हो चुकल बा। जिला के खमरिया में स्थित ऑर्डिनेंस फैक्ट्री में भइल विस्फोट में दू गो कर्मचारी के मउत

Share

जबलपुर के ऑर्डिनेंस फैक्ट्री में जबरदस्त धमाका

 

मध्य प्रदेश के जबलपुर में एगो ऑर्डिनेंस फैक्ट्री (हथियार बनावे वाली कंपनी) में भारी विस्फोट हो चुकल बा। जिला के खमरिया में स्थित ऑर्डिनेंस फैक्ट्री में भइल विस्फोट में दू गो कर्मचारी के मउत हो गइल बा जबकि 9 गो कर्मचारी गंभीर रूप से घवाहिल हो गइल बाड़े. जानकारी के मुताबिक इs धमाका कंपनी के एफ 6 सेक्शन में भईल बा। विस्फोट एतना तेज रहे कि इमारत के एगो हिस्सा गिर गईल। मलबा के नीचे बहुत कर्मचारी के दफन होखे के खबर बा। मरे वालन के गिनिती बढ़ सकेला. वर्तमान में राहत आ बचाव के काम चल रहल बा

एह धमाका में भवन के एगो हिस्सा गिर गइल

जानकारी के मुताबिक विस्फोट में भवन के एगो हिस्सा गिर गईल अवुरी बतावल जाता कि अभी तक बहुत मजदूर मलबा के नीचे फंसल बाड़े। प्रशासन के ओर से प्रभावित लोग के पहचान अवुरी मदद खाती बचाव अभियान चलावल जाता।  एह दुखद दुर्घटना में दू गो मजदूरन के मौत के पुष्टि भइल बा आ नौ गो मजदूरन के गंभीर चोट के इलाज हो रहल बा. मौका पs इमरजेंसी टीम पहुंच गईल बा। अबे ले विस्फोट के कारण के खुलासा नईखे भईल।

बम फैक्ट्री में बनेला

अधिकारी बतवले कि मंगल के सबेरे खमरिया के केंद्रीय सुरक्षा संस्थान के आयुध फैक्ट्री में विस्फोट भईल। इहाँ बम आ विस्फोटक चीज बनावल जाला। उs बतवले कि घाही लोग के तत्काल इलाज खातीर निजी अस्पताल पहुंचावल गईल बा अवुरी उनुकर हालत गंभीर बतावल जाता।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.