[the_ad_group id="30365"]

यूपी में सब ठीक बा बाकी, रणनीति… संजय निषाद के बड़ बयान, सीएम योगी के कहलन अभिभावक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के योगी सरकार के मंत्री संजय निषाद एगो बड़ बयान देले बाड़े। हाल ही में लोकसभा चुनाव में भाजपा के यूपी में कम सीट मिले के लेके ऊ एगो विद्रोही बयान देले रहले। एकरा बाद ऊ अब कहले कि विपक्ष यूपी में भ्रम फैलावता। योगी जी हमार मार्गदर्शक, रक्षक हवन। हमनी के पूरा ताकत से भाजपा के संगे बानी। निश्चित रूप से हमनी के भाजपा के संगे बानी आ आवे वाला विधानसभा उपचुनाव खातीर रणनीति बनावे के होई।

मंत्री संजय निषाद कहले कि राज्य में उपचुनाव आवे वाला बा। ओकरा खातिर रणनीति बनावे के पड़ी। जवना तरीका से हम आजमगढ़ जीत गइनी। रामपुर जीत गइल रहनी। ऊ कहले कि हालांकि आमतौर पs सामाजिक मुद्दा आ राजनीतिक मुद्दा पs चर्चा होखेला। एकरा पs उनका से पूछल गइल कि उत्तर प्रदेश में भइल बैठक में राज्य के दुनो उपमुख्यमंत्री मौजूद ना रहले। एकरा संगे-संगे उप सीएम केशव प्रसाद मौर्य भी ट्वीट कइले रहले। एही पs संजय निषाद कहले कि उत्तर प्रदेश में सबकुछ ठीक चलता।

मंत्री संजय निषाद कहले कि अगर राज्य में सबकुछ ठीक ना चलत रहे। तs एहिजा कानून व्यवस्था में सुधार ना हो सके। एकरा अलावे तमाम उपलब्धि बढ़िया काम करे के नतीजा हs। केशव प्रसाद मौर्य के ट्वीट के बारे में ऊ कहले कि जवाब सिर्फ उनका से लेवे के चाही। एकरा बाद मंत्री संजय निषाद से लोकसभा चुनाव में यूपी में भाजपा के सीट कम मिले के बारे में पूछल गइल। एह पर ऊ कहले कि विपक्ष संविधान के खतम करे के नाम पs भ्रम फैलावे आ लोग के डेरा देलस। एकरा चलते आंशिक सफलता मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]