फुटबॉल के फाइनल मैच में गिरल दर्शक दीर्घा के गैलरी, मचल चीख-पुकार, एक के ऊपर एक गिरले लोग, 35 लोग घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 21, 2025

केरल के एर्नाकुलम जिला में अतवार के दिने एगो बड़हन हादसा हो गइल. दनार पब्लिक स्कूल के मैदान में आयोजित स्थानीय फुटबाल टूर्नामेंट के फाइनल के दौरान दर्शक के गैलरी के अस्थायी गैलरी गिर गईल।

Share

फुटबॉल के फाइनल मैच में गिरल दर्शक दीर्घा के गैलरी

केरल के एर्नाकुलम जिला में अतवार के दिने एगो बड़हन हादसा हो गइल. दनार पब्लिक स्कूल के मैदान में आयोजित स्थानीय फुटबाल टूर्नामेंट के फाइनल के दौरान दर्शक के गैलरी के अस्थायी गैलरी गिर गईल। एकरा चलते 35 लोग घायल हो गईले। 

अतवार के रात 10 बजे भईल इs दुर्घटना

घटना अतवार के रात 10 बजे स्कूल के फुटबाल मैदान में भईल। मैच शुरू होखे से कुछ पल पहिले दर्शकन के संख्या बढ़ गइल. फाइनल देखे खातिर करीब दू हजार दर्शक जुटल रहले. 

बइठे खातिर एगो अस्थायी गैलरी बनल रहे

फुटबाल मैदान पs दर्शकन के बइठे खातिर लोहा के पाइप आ सुपारी के लकड़ी के इस्तेमाल से एगो अस्थायी गैलरी बनावल गइल. लोग के भारी संख्या के चलते दर्शक के अस्थायी गैलरी के एगो हिस्सा अचानक गिर गईल। धीरे-धीरे इs पीछे झुक गईल अवुरी अतिरिक्त वजन के चलते नीचे गिर गईल।

एक के ऊपर एक गिरले लोग

फेर फाइनल फुटबाल मैच देखे आइल दर्शकन के बीच चीख-पुकार हो गइल. एक-एक करके लोग गैलरी से नीचे गिरे लागल। एक दूसरा के ऊपर चढ़ गईले। एकरा चलते बहुत लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। घायल लोग के स्थानीय अस्पताल में इलाज हो रहल बा। फुटबाल मैच के आयोजकन के खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल बा.

इहो पढ़ीं: वक्फ कानून के बाद अब UCC के बारी? BJP जारी कईलस वीडियो

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.