मिर्गी के दौरा के बहाना बनाके पुलिसकर्मियन पर अचानक हमला… तमिलनाडु के जेल से आधा रात के 17 कैदी फरार

By Shweta Supriya

Published on: Oct 27, 2026

चेन्नई। तमिलनाडु के थेनी जिला के थेक्कम्पट्टी जेल से सोमवार के देर रात एगो साजिश के तहत सुरक्षाकर्मियन पर हमला करके 17 कैदी फरार हो गइलें। पुलिस कॉम्बिंग ऑपरेशन के दौरान जेल से भागल चार

Share

चेन्नई। तमिलनाडु के थेनी जिला के थेक्कम्पट्टी जेल से सोमवार के देर रात एगो साजिश के तहत सुरक्षाकर्मियन पर हमला करके 17 कैदी फरार हो गइलें। पुलिस कॉम्बिंग ऑपरेशन के दौरान जेल से भागल चार कैदियन के गिरफ्तार कर लिहले बिया।

दक्षिण क्षेत्र के इंस्पेक्टर जनरल ऑफ पुलिस (आईजीपी) विजयेंद्र बिदारी के मुताबिक, एह कैदियन में से 4 के दोबारा पकड़ लिहल गइल बा। बाकी कैदियन के तलाश में 17 विशेष टीम बनावल गइल बा आ कॉम्बिंग ऑपरेशन चलावल जा रहल बा।

बीमारी के नाटक करके भागे के रचलें साजिश

पुलिस के मुताबिक, सगरी 17 कैदी एकही बैरक में बंद रहलें। योजना के तहत कैदियन जेलकर्मियन के बतवलें कि एगो कैदी के तबीयत खराब हो गइल बा आ ओकरा मिर्गी के दौरा पड़ल बा। जइसे ही जेलकर्मी मदद करे खातिर बैरक के भीतर पहुंचलें, कैदियन अचानक ओह लोग पर हमला बोल दिहलें आ मौका पावत उहाँ से फरार हो गइलें।

कैदियन के एह अचानक हमला में थेनी जिला जेल के ग्रेड-II पुलिसकर्मी थंगापांडी के माथा में गंभीर चोट आ गइल। उनका के तुरंत जी. विलाक्कु के सरकारी अस्पताल में भर्ती करावल गइल, जहां उनकर इलाज चल रहल बा। एकरा अलावा, ड्यूटी पर तैनात दू गो अउरी जेलकर्मियन के भी हल्का चोट लागल बा।

सीमावर्ती जिलन में हाई अलर्ट, गाड़ियन के जांच

घटना के बाद मदुरै, डिंडीगुल आ पड़ोसी राज्य केरल के इडुक्की जिला के पुलिस के अलर्ट पर रखल गइल बा। डिंडीगुल के पुलिस अधीक्षक (एसपी) एस. जयकुमार बतवलें कि सुरक्षा के ध्यान में रखत जिला में 16 जगह पर चेकपोस्ट बनावल गइल बा।

डिंडीगुल-थेनी हाईवे पर गाड़ियन के कड़ाई से जांच कइल जा रहल बा। फरार भइल सगरी कैदियन के फोटो आसपास के पुलिस थाना में भेज दिहल गइल बा। पुलिस मामला दर्ज करके जांच में जुटल बिया।

जेल से कैदियन के फरार होखे के एह घटना पर डीएमके के राज्यसभा सांसद पी. विल्सन सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पर एह घटना के बेहद शर्मनाक बतवलें आ राज्य के कानून-व्यवस्था पर सवाल उठवलें। विल्सन राज्य में कानून-व्यवस्था बिगड़े के हवाला देत नैतिक जिम्मेदारी लेके इस्तीफा देवे के मांग कइलें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.