[the_ad_group id="30365"]

DDU: गोरखपुर यूनिवर्सिटी में एडमिशन खातिर 11 जुलाई से होई प्रवेश परीक्षा, 30 जून तक भरल जा सकत बा फॉर्म

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: डीडीयू में बुध के प्रवेश परीक्षा के सकुशल आयोजन खातिर प्रशासनिक भवन में आयोजित बैठक में निर्णय समन्वयकन, विवि के अधिकारी गण, कुलसचिव, परीक्षा नियंत्रक आ वित्त अधिकारी द्वारा प्रवेश समिति के अनुमोदन के प्रत्याशा में 11 जुलाई से परीक्षा करावे के निर्णय लिहल गइल। प्रवेश परीक्षा के ई डेट अभी प्रस्तावित बा। बता दीं, कि यूनिवर्सिटी में एडमिशन खातिर  मार्च से फॉर्म भरल जा रहल बा। छात्रन के डिमांड पs यूनिवर्सिटी कइयन बेर ऑनलाइन फॉर्म भरे के डेट के एक्स्टेंड कs चुकल बिया। फिलहाल इक्षुक  उम्मीदवार 30 जून तक यूनिवर्सिटी के वेबसाइट पs ऑनलाइन अप्लाई कs सकत बा लो।

ई कोर्स बा आकर्षण के केंद्र

यूनिवर्सिटी के ओर से बीएससी एजी, एमएससी एजी के संगे-संगे बीटेक, बैचलर ऑफ होटल मैनेजमेंट एंड कैटरिंग टेक्नोलॉजी, बीकॉम (बैकिंग एंड इंश्योरेंस), फूड पैकेजिंग एंड लॉजिस्टिक मैनेजमेंट, एग्रीबिजनेस, बॉयोइंफार्मेटिक्स, बीएजेएमसी, एमएजेएमसी, ज्योतिष आ कर्मकांड, एमएससी फूड टेक्नालॉजी, स्पोट्र्स सांइस समेत कइयन गो आउर सेल्फ फाइनेंस कोर्सेज के पढ़ाई सुरू कइल गइल बा। ट्रेडिशनल कोर्सेज के संगे-संगे ई कोर्स आकर्षण के केन्द्र बा। बैठक में रजिस्ट्रार, एग्जामिनेशन कंट्रोलर, फाइनेंस ऑफिसर सहित प्रवेश समिति के सब सदस्य मवजूद रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]