IND W vs ENG W: इंग्लैंड निर्णायक मुकाबला में भारत के 7 विकेट से हरवलस, मेजबान इंग्लैंड 2-1 से अपना नावे कइलस सीरीज

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 16, 2022

इंग्लैंड आखिरी आ निर्णायक टी20 मुकाबला में भारत के 7 विकेट से हराके तीन मैचन के सीरीज के 2-1 से अपना नावे कइलस। ब्रिस्टल के काउंटी ग्राउंड में बियफे के रात खेलल गइल, एह मैच

Share

इंग्लैंड आखिरी आ निर्णायक टी20 मुकाबला में भारत के 7 विकेट से हराके तीन मैचन के सीरीज के 2-1 से अपना नावे कइलस। ब्रिस्टल के काउंटी ग्राउंड में बियफे के रात खेलल गइल, एह मैच में टीम इंडिया पहिले बल्लेबाजी करत मेजबानन के सोझा निर्धारित 20 ओवर में 123 रन के लक्ष्य रखले रहे। एह स्कोर के इंग्लैंड 10 गेना शेष रहते हासिल क लेलस आ एह तरे ऊ सीरीज प कब्जा कइलस। बता दीं, पहिला मुकाबला इंग्लैंड 9 विकेट से जीतले रहे, ओहिजा दूसरा मैच में भारत जोरदार वापसी करत 8 विकेट से जीत दर्ज कइले रहे।

बात ब्रिस्टल टी20 के करीं त इंग्लैंड टॉस जीतके पहिले भारत के बल्लेबाजी करे के कहलस। सलामी बल्लेबाज स्मृति मंधाना (9) आ शेफाली वर्मा (5) के फेल होखला के बाद भारतीय बल्लेबाजी जूझत लउकल। टीम इंडिया पहिला 10 ओवर में 35 रन प 5 विकेट गंवा देले रहे। एकरा बाद दीप्ति शर्मा (24), ऋचा घोष (33) आ पूजा वस्त्राकर (19*) के छोट बाकिर सानदार पारियन के दम प भारत 122 के स्कोर तक पहुंचे में कामयाब रहल। एह तीनों के अलावा कवनो भारतीय बैटर दहाई के आंकड़ा पार ना क सकल। इंग्लैंड खातिर सोफी एक्लेस्टोन सबसे जादे तीन विकेट लेली।

लक्ष्य के पीछा करे उतरल इंग्लैंड के टीम के सलामी बल्लेबाज निम्मन सुरुआत दिहल लो आ पहिले विकेट खातिर 70 रन जोड़ल लो। डेनिएल व्याट 22 त सोफिया डंकले 49 रनों के पारी खेलली। एकरा अलावे ऐलिस कैप्सी नाबाद 38 रन बनवली। इंग्लैंड के एह लक्ष्य के हासिल करे में ज्यादा दिक्कतन के सामना ना करे के पड़ल। भारत खातिर स्नेह राणा, पूजा वस्त्राकर आ राधा यादव एक-एक विकेट लिहल लो।

टी20 सीरीज गंववला के बाद भारत के इंग्लैंड के खिलाफ एतने मैच के वनडे सीरीज खेले के बा जेकर सुरुआत 18 सितंबर से होई। सीरीज के आउर दु मैच 21 आ 24 सितंबर के खेलल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.