Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पाकिस्तान के 26 रन से हरा के सीरीज जीतल इंग्लैंड के टीम, 63 साल बाद घर में लगातार तीन टेस्ट हारल पाक टीम

888

पाकिस्तान अउर इंग्लैंड के बीच तीन मैच के टेस्ट सीरीज के दूसरा मुकाबला इंग्लैंड 26 रन से जीत लिहलस। एह जीत के सथही इंग्लैंड के टीम सीरीज में 2-0 के अजेय बढ़त ले लिहले बा। इंग्लैंड 22 साल बाद पाकिस्तान में कौनो टेस्ट सीरीज जीतल बा। उहवें, बेन स्टोक्स इंग्लैंड के तीसरा कप्तान बनल बानें, जे अपने टीम के इहां टेस्ट सीरीज जितवले बानें। स्टोक्स से पहिले नासिर हुसैन अउर टेड डेक्सटर इंग्लैंड के पाकिस्तान में टेस्ट सीरीज जितवले बानें।

एह मैच में इंग्लैंड टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला कइले रहल। बेन डकेट के 63, ओली पोप के 60 रन के अलावा कप्तान स्टोक्स 30, विल जैक्स 31 अउर मार्क वुड के 36 रन के बदौलत इंग्लैंड पहिला पारी में 281 रन बनवलस। पाकिस्तान खातिर अबरार अहमद सात अउर जाहिद महमूद तीन विकेट लिहलें।

एकरे जवाब में पाकिस्तान के टीम 202 रन बना पवलस अउर 79 रन से पिछड़ गइल। कप्तान बाबर 75 अउर सौद शकील 63 रन बनवलें। लेकिन बाकी बल्लेबाज फ्लॉप हो गइलें। 22 रन बनावे वाली फहीम अशरफ टीम के तिसरका सबसे ज्यादा रन बनावे वाले बल्लेबाज रहनें। इंग्लैंड खातिर जैक लीच चार, मार्क वुड अउर जो रूट दू-दू विकेट लिहलें। एंडरसन के एक विकेट मिलल।

अपने दुसरका पारी में इंग्लैंड 275 रन बनवलस अउर पाकिस्तान के सोझे 355 रन के लक्ष्य रखलस। दुसरका पारी में इंग्लैंड खातिर हैरी ब्रूक 108 रन बनवलें। बेन डकेट 79 अउर कप्तान स्टोक्स 41 रन के पारी खेलनें। पाकिस्तान के अबरार अहमद चार अउर जाहिद महमूद तीन विकेट लिहलें। नवाज के एक विकेट मिलल। उहवें दू बल्लेबाज रन आउट भइलें।

355 रन के पीछा करत पाकिस्तान निम्मन शुरुआत कइलस। शफीक अउर रिजवान पहिला विकेट खातिर 66 रन जोड़ दिहनें। रिजवान 30 अउर शफीक 30 रन बना के आउट भइलें। कप्तान बाबर एक रन बना के आउट हो गइलें। सौद शकील 94 अउर इमाम उल हक 60 रन बना के टीम के मजबूत स्थिति में पहुंचवलें, लेकिन एकरे बाद कौनो बल्लेबाज बड़ पारी नाइ खेल पवलें। नवाज 45 रन बनवलें, लेकिन ऊ टीम के जीत दियावे खातिर काफी नाइ रहल। अंत में पाकिस्तान के टीम 328 रन बना पवलस अउर 26 रन से हार गइल। इंग्लैंड खातिर मार्क वुड चार विकेट लिहलें। जेम्स एंडरसन अउर ओली रॉबिंसन के दू-दू विकेट मिलल। जैक लीच अउर जो रूट एकहक विकेट लिहलें।

407910cookie-checkपाकिस्तान के 26 रन से हरा के सीरीज जीतल इंग्लैंड के टीम, 63 साल बाद घर में लगातार तीन टेस्ट हारल पाक टीम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.