[the_ad_group id="30365"]

एल्विश यादव के बढ़ल मुश्किल, ED भेजलस नया समन, पूछताछ खातीर लखनऊ बोलावल गईल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मशहूर यूट्यूबर एल्विश यादव के परेशानी बढ़त लउकत बा. पार्टी में साँप जहर के मामिला में ईडी एल्विश यादव के ताजा समन भेजले बा. ईडी मनी लांड्रिंग केस में एल्विश के एगो नया समन भेजले बा अवुरी 23 जुलाई के उनुका से पूछताछ खातीर लखनऊ बोलवले बा।

एकरा से पहिले ईडी 8 जुलाई के फोन कईले रहे

एकरा से पहिले ईडी एल्विश यादव के नोटिस देके 8 जुलाई के फोन कईले रहले, बाकिर एल्विश विदेश में बाड़े. जवना पs अब ईडी 23 जुलाई के हाजिर होखे के समन जारी कs देले बा।

मई में खबर आइल रहे कि ईडी एल्विश के खिलाफ मनी लांड्रिंग के मामला दर्ज करवले बा. एह दौरान इहो खुलासा भइल कि ईडी एल्विश के महँग गाड़ी के काफिला के भी जांच करी। मिलल जानकारी के मुताबिक एल्विश के खिलाफ बड़ कार्रवाई कईल जा सकता

इहो खबर आइल कि एल्विश यादव के साथे ईडी बड़का होटल, रिसॉर्ट्स आ फार्म हाउस के मालिकन से भी पूछताछ करी. बता दीं कि एल्विश यादव के नोएडा पुलिस गिरफ्तार कs लिहले रहुवे. फिलहाल उs जमानत पs बाहर बाड़े। ईडी एल्विश पs पाश कस देबे के तइयारी कइले बा.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]