[the_ad_group id="30365"]

एलन मस्क के नया प्लानिंग, X में जल्दीए मिली Google Pay, Paytm, PhonePe वाला खास फीचर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ट्विटर (एक्स) खरीदला के बाद अब एलन मस्क गूगल पे, पेटीएम, फोन पे जईसन प्लेटफॉर्म के चुनौती देवे के तैयारी में बाड़े। हाल के समय में डिजिटल लेनदेन अवुरी भुगतान ऐप के ट्रेंड बढ़ला के संगे मस्क अपना सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पs भुगतान फीचर देवे के तैयारी कईले बाड़े टेस्ला एंड स्पेस के सीईओ के कहना बा कि मस्क अपना पोस्ट में कहले बाड़न कि एक्स खाली माइक्रोब्लॉगिंग प्लेटफार्म ना रही। एकरा माध्यम से जल्दिए यूजर भी भुगतान कs सकेले। हालांकि मस्क अपना ब्लॉग पोस्ट में ए भुगतान फीचर के लॉन्च होखे के तारीख के घोषणा नईखन कईले।

X के सीईओ दिहली संदेस

बता दीं कि एकरा से पहिले भी एक्स के सीईओ लिंडा याकारिनो एकरा में पेमेंट फीचर ले आवे के संकेत देले रहली। एक्स ऐप में एs फीचर के जोड़ला से यूजर एs ऐप के माध्यम से डिजिटल लेनदेन कs सकेले। एलन मस्क एक्स के एगो सुपरएप के रूप में विकसित कईल चाहतारे, जवना में यूजर के सोशल मीडिया के संगे डिजिटल पेमेंट, ऑनलाइन शॉपिंग समेत बहुत सुविधा मिल सकता।

ट्विटर के अधिग्रहण के बाद कइगो बदलाव

अक्टूबर 2022 में ट्विटर के अधिग्रहण के बाद से मस्क आपन राजस्व बढ़ावे में व्यस्त बा। पहिले ट्विटर के बहुत कर्मचारी के छंटनी कईले अवुरी ओकरा बाद ट्विटर में पेड सेवा शुरू कईले। ट्विटर ब्लू (एक्स प्रीमियम) खातिर सब्सक्रिप्शन चार्ज लेला के बाद एs प्लेटफॉर्म में बहुत मुफ्त फीचर के भुगतान कईल गईल। अब मस्क मेटा, गूगल, फोनपे, पेटीएम जईसन कंपनी के भुगतान सेवा देवे वाली कंपनी के एकरा में भुगतान सुविधा जोड़ के चुनौती देवे के तैयारी में बा।

फिलहाल कवनो आधिकारिक घोषणा नईखे भईल कि एक्स के इ पेमेंट फीचर कब आई। रिपोर्ट के मुताबिक, ए साल ए फीचर के चुनिंदा देश में लागू कईल जा सकता।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]