[the_ad_group id="30365"]

Elon Musk: एपल आ चैट जीपीटी के साझेदारी पs भड़कले मस्क, प्रतिबंध लगावे के देलें धमकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आईफोन निर्माता एपल जइसही ओपनएआई के संगे साझेदारी के एलान कइल, ओकरा कुछ घंटा बाद मशहूर उद्योगपति एलन मस्क एह पs नाराजगी जतवलें। ऊ अपना कंपनी परिसर में एपल फोन के इस्तेमाल पs प्रतिबंध लगावे के धमकी देलें। मस्क के कहनाम बा कि दुनो कंपनियन के बीच के ई साझेदारी सुरक्षा नियमन के उल्लंघन बा आ एकरा के बिल्कुले बर्दाश्त नइखे कइल जा सकत।

मस्क के धमकी- एकरा के बर्दाश्त ना करेम 

गौरतलब बा कि एपल के सीईओ टिम कुक सोशल मीडिया मंच एक्स पs एगो पोस्ट कइले रहस। एह पोस्ट में कुक आर्टिफिशियल इंटेलीजेंस (कृत्रिम बुद्धिमत्ता) के एपल डिवाइस में आउर बेहतर करे के एलान करत चैटजीपीटी बनावे वाली कंपनी ओपनएआई के संगे साझेदारी के एलान कइलें।

एह एलान के कुछ घंटा बाद एलन मस्क टिम कुक के पोस्ट पs प्रतिक्रिया देत लिखलें कि ‘एपल के डिवाइस में चैटजीपीटी ना चाहीं। एह घटिया सॉफ्टवेयर के एपल डिवाइस में इंटीग्रेट करे पs रोक लागे के चाहीं भा फेर ऊ अपना कंपनी के परिसर में एपल डिवाइस के इस्तेमाल करे पs प्रतिबंध लगा दिहें।’

एपल कइलस एपल इंटेलीजेंस के एलान

तकनीक के दिग्गज कंपनी एपल अपना आईफोन, आईपैड, मैक आदि में सोमार से एपल इंटेलीजेंस के इस्तेमाल सुरू करे के एलान कइलस। ई एक तरे के निजी इंटेलीजेंस सिस्टम बतावल जा रहल बा। बतावल जा रहल बा कि एपल इंटेलीजेंस एपल सिलिकॉन के ताकत के बधाई, जवना से लोगन के बहुते सुविधा मिली।

मस्क एगो पोस्ट में लिखलें कि जदि एपल डिवाइस में ओपनएआई के ऑपरेटिंग सिस्टम के स्तर पs इंटीग्रेट कइल गइल, तs ऊ एपल के फोन के इस्तेमाल अपना कंपनी में प्रतिबंधित कs दिहें। मस्क सवाल उठवलें कि “का एपल जइसन कंपनी एतना काबिल नइखे कि ऊ खुद के आर्टिफिशियल इंटेलीजेंस बना सके। एपल के पता नइखे कि असल में का चल रहल बा। एक बेर एपल राउर डेटा ओपनएआई के दी आ एकरा के बेच दी।’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]