Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Elon Musk Net Worth: एने पीएम मोदी से मुलाकात, ओने मस्क पs पईसा के बौछार, नेटवर्थ में 81000 करोड़ के उछाल

183

अमेरिका के न्यूयॉर्क में मंगर के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ दुनिया के सबसे बड़ इलेक्ट्रिक कार कंपनी टेस्ला के CEO एलन मस्क के मुलाकात भइल। एह दौरान भारत में टेस्ला के एंट्री पs चरचा कइल गइल आ बैठक के बाद Elon Musk बड़ ऐलान करत कहलें कि ऊ अगिला साल भारत आवे के योजना बना रहल बाड़ें आ उनकर कंपनी भारत में निवेश करी। एकर असर टेस्ला के शेयरन (Tesla Share) पs दिखल आ ई रॉकेट के रफ्तार से भागल। शेयरन में आइल उछाल के चलते बीतल 24 घंटा में एलन मस्क के नेटवर्थ 9.95 अरब डॉलर बढ़ गइल।

एतना हो गइल मस्क के नेटवर्थ 

दुनिया के सबसे अमीर इंसान Elon Musk के कंपनी टेस्ला इंक (Tesla Inc) के शेयर मंगर के कारोबार खतम होखला पs 5.34 फीसदी चढ़के बंद भइल। एसे मस्क के नेटवर्थ 9.95 अरब डॉलर भा करीब 81,000 करोड़ रुपिया से जादे बढ़ गइल। ब्लूमबर्ग बिलेनियर्स इंडेक्स के मोताबिक, संपत्ति में भइल एह इजाफा के चलते Elon Musk Net Worth अब बढ़के 243 अरब डॉलर हो गइल बा। नेटवर्थ में आइल एह उछाल के बाद अब मस्क दुनिया के दूसरका सबसे अमीर इंसान फ्रांस के अरबपति बर्नार्ड अर्नाल्ट से बहुत आगे निकल गइल बाड़े। दुनो अरबपतियन के नेटवर्थ में 46 अरब डॉलर के फासला हो गइल बा।

पीएम मोदी के संगे बैठक के बाद बड़ ऐलान

अमेरिकी दौरा पs पहुंचल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ एलन मस्क के मुलाकात न्यूयॉर्क के पैलेस होटल में भइल। मुलाकात के बाद Elon Musk कहलें कि उनकर कंपनी निकट भविष्य में भारत में निवेश करी, जवन देस खातिर एगो महत्वपूर्ण विकास होई। एकरा संगही ऊ कहलें कि हम प्रधानमंत्री के उनका समर्थन खातिर धन्यवाद देहल चाहत बानी आ उम्मीद बा कि हम निकट भविष्य में कुछ ऐलान करे में सक्षम होखेम। मस्क आगे कहलें, ऊ अगिला साल भारत के दौरा के प्लान बना रहल बाड़े आ विश्वास बा कि टेस्ला भारत में होई। हमरा लागत बा कि ई भारत के संगे हमनी के संबंधन में एगो महत्वपूर्ण निवेश होई।’

बर्नार्ड अर्नाल्ट के संपत्ति घटल

बीतल 24 घंटा के बात करीं तs बर्नार्ड अर्नाल्ट के संपत्ति (Bernard Arnault Net Worth) में 5.75 अरब डॉलर भा 47,000 करोड़ रुपिया से जादे के गिरावट दर्ज कइल गइल बा। एकरा बाद उनकर कुल नेटवर्थ 197 अरब डॉलर रह गइल बा। दुनिया के टॉप-10 अरबपतियन (Top-10 Billionaires) के लिस्ट में तीसरका पायदान पs मवजूद अमेजन (Amazon) के फाउंडर जेफ बेजोस के नेटवर्थ (Jeff Bezos Net Worth) 212 मिलियन डॉलर बढ़के 150 अरब डॉलर पs पहुंच गइल बा। लिस्ट में लैरी एलिसन (Larry Ellison) 136 अरब डॉलर के संगे चउथा, जबकि बिल गेट्स (Bill Gates) 132 अरब डॉलर के संगे पांचवां पायदान पs बाड़ें।

100 अरब डॉलर क्लब में पहुंचलें जुकरबर्ग

टॉप-10 अमिरन में सामिल आउर अरबपतियन के बात करीं तs दिग्गज निवेशक वॉरेन बफे (Warren Buffett) 119 अरब डॉलर नेटवर्थ के संगे छठा सबसे अमीर इंसान बाड़े। सातवां पायदान पs 117 अरब डॉलर के संपत्ति के संगे स्टीव बाल्मर (Steve Ballmer) के नाम आवेला, जबकि आठवां नंबर पs 112 अरब डॉलर के नेटवर्थ के संगे लैरी पेज (Larry Page) सामिल बाड़े। सर्गेई ब्रिन (Sergey Brin) 106 अरब डॉलर के नेटवर्थ के साथ नवां नंबर पs बाड़ें। ओहिजा दसवां पायदान पs 104 अरब डॉलर के संगे फेसबुक के मार्क जुकरबर्ग (Mark  Zuckerberg) आपन दबदबा बनवले बाड़ें।

अंबानी-अडानी एह नंबर पs बा लो मवजूद

अरबपतियन की लिस्ट में सामिल भारतीय उद्योगपतियन के बात करीं तs एशिया के सबसे अमीर इंसान आ रिलायंस इंडस्ट्रीज के चेयरमैन मुकेश अंबानी (Mukesh Ambani) 88.4 अरब डॉलर के नेटवर्थ के संगे 13वां पायदान पs बाड़ें। बीतल 24 घंटा में उनकर संपत्ति में 901 मिलियन डॉलर के कमी आइल बा। ओहिजा अडानी ग्रुप के चेयरमैन गौतम अडानी (Gautam Adani) 61.4 अरब डॉलर बा आ ऊ अमीरन के लिस्ट में 21वां नंबर पs बाड़ें। एक दिन में अडानी के नेटवर्थ में 1.51 अरब डॉलर के गिरावट आइल बा।

574010cookie-checkElon Musk Net Worth: एने पीएम मोदी से मुलाकात, ओने मस्क पs पईसा के बौछार, नेटवर्थ में 81000 करोड़ के उछाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.