रामनवमी के लेके सबेरे 10 बजे के बाद कटी बिजली : मॉनिटरिंग खातिर बनी टीम, जवना इलाका से जुलूस निकली उहां बिजली कटी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 17, 2024

आज छपरा शहरी क्षेत्र के अलग-अलग हिस्सन में पावर कट होई। शहरी क्षेत्र में निकले वाला रामनवमी जुलूस के धेयान में रखत पावर कट कइल जाये के बा। पहिले से निर्धारित रूट पs सुरक्षा के

Share

आज छपरा शहरी क्षेत्र के अलग-अलग हिस्सन में पावर कट होई। शहरी क्षेत्र में निकले वाला रामनवमी जुलूस के धेयान में रखत पावर कट कइल जाये के बा। पहिले से निर्धारित रूट पs सुरक्षा के नजरिया से बिजली के प्रवाह बाधित कइल जाये के बा। जेमे क्रमवार पूरा शहर में बिजली बाधित रही।

रामनवमी जुलूस के संगे सबेरे 10: 30 से बिजली काटल जाई। बिजली विभाग के क्विक रेस्पॉन्स टीम जुलूस के मॉनिटरिंग करत बिजली सप्लाई बाधित करी।

रामनवमी जुलूस के लेके टीम के गठन

बिजली विभाग कावर से टीम बनाके बिजली कट आ बहाल करे के काम कइल जाई। रामनवमी जुलूस के लेके टीम के गठन कइल गइल बा। जवन रामनवमी के जुलूस के गुजरे वाला एरिया में पावर कट करी। गुजरला के संगही एरिया में पावर सप्लाई सुरू कs दी।

एसडीओ धीरज सती ने बताया कि रामनवमी के अवसर पs छपरा नगर निगम के अंतर्गत अलग-अलग मार्गन से होके निकले वाला जुलूस के आलोक में सुरक्षा के दृष्टि से एह क्षेत्रन में विद्युत के आपूर्ति जरुरत के मोताबिक आंशिक रूप से बाधित रहला के संभावना बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.