[the_ad_group id="30365"]

मशरख में तीन घंटा ले बिजली आपूर्ति रही बाधित: सबेरे 11 से लेके दुपहरिया 2 बजे तक सप्लाई प्रभावित रही, मेंटेनेंस के चली काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के मशरख चैनपुर फीडर में तीन घंटा के पावर कट होई। सबेरे 11:00 बजे से लेके दुपहरिया 2:00 बजे तक बिजली आपूर्ति बाधित रही। चैनपुर पावर सबस्टेशन 132 केवीए में मेंटेनेंस करत घरी तार बदलला के चलते पावर कट के निर्णय लिहल गइल बा। बढ़त ठंड के बीच पावर ट्रिप के समस्या के समाधान के लेके पावर कट होई। एकरा खातिर विद्युत विभाग 132kva पावर प्लांट में पावर कट कs के तमाम तरे के मेंटेनेंस करी। एह दौरान छपरा के मशरख आ इसुआपुर क्षेत्र के कुछ हिस्सन में बिजली गुल रही।

लोड के देखत लिहल गइल निर्णय

विद्युत कनीय अभियंता कहलें कि बिजली के उपभोग जादे हो रहल बा। जवना के धेयान में रखत सब तरे के मरम्मत अनिवार्य बा। जवना के आलोक में अतवार के सबेरे 11:00 बजे से दुपहरिया 2:00 बजे तक पावर सप्लाई बंद के सब तारन के मरम्मत आ पावर हाउस में मेन वायर के शिफ्टिंग कइल जाई।  जवना से भविष्य में कवनो बिजली संबंधित परेसानी ना खड़ा होखे। दोबारा 2:00 बजे के बाद बिजली सुचारू रूप से चालू कs दिहल जाई। एह बीच सब उपभोक्तन के बिजली संबंधित काम ओरवा लेवे के निरदेस दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]