[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: सास जूस खातीर 50 रुपिया नाहीं दहली तs दामाद रेत लिहलस आपन गर्दन, हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

गोरखपुर में जब सास जूस पीये खातिर 50 रुपया ना दिहली तs बहराइच के पागल दामाद बुध के दिने बीआरडी मेडिकल कॉलेज में ब्लेड से आपन गर्दन काट दिहलस. उनकर हालत गंभीर बा। उनुका के बीआरडी में भर्ती करावल गईल बा।

जानकारी के मुताबिक बहराइच के ग्रामीण कोतवाली इलाका के इमलिया बड़कापुरवा निवासी पप्पू यादव दिल्ली में मजदूर के काम करेले। चार साल पहिले चौरीचौरा के तरकुलहा निवासी पूजा से प्रेम विवाह भईल रहे। उनकर सास एह बात से खिसियाइल रहली आ तब से दुनु जाना के बीच विवाद चलत रहे। सोमवार के सांझ पप्पू के पत्नी के प्रसव दर्द के चलते मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गईल। देर रात भईल ऑपरेशन के माध्यम से बच्चा के जन्म भईल।

पप्पू के आरोप बा कि उs अपना पत्नी के इलाज खातीर दिल्ली से घरे आईल रहले। जब पईसा के इंतजाम ना हो पावल तs खेत गिरवी रख के पत्नी के लगे जाके 9900 रुपया देले। पत्नी इs पईसा अपना महतारी के दे देली। बुध के जब ऑपरेशन खातीर खून के जरूरत रहे तs बीआरडी में स्थित ब्लड बैंक के कर्मचारी पप्पू से एक यूनिट खून निकाल के जूस पीये के सलाह देले।

बुध के दुपहरिया में जब पप्पू अपना सास से जूस पीये खातिर 50 रुपिया मँगलन तs ऊ जूस पीये से मना कs दिहली. एकरा चलते उs खिसिया गईले अवुरी मेडिकल कॉलेज के बहरी दोकान से ब्लेड खरीदला के बाद उs अपना पत्नी, बच्चा अवुरी वार्ड नम्बर एक में भर्ती सास के सोझा पहुंचले अवुरी अपना हाथ, गर्दन अवुरी चेहरा पs हमला कs देले ब्लेड से। वार्ड में तैनात गार्ड युवक के हाथ पकड़ के ब्लेड छीन के मेडिकल कॉलेज चौकी पुलिस के सूचना देले। पुलिस युवक के मेडिकल कॉलेज में भर्ती करवले बिया।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]