[the_ad_group id="30365"]

चुनाव परिणाम: महराजगंज सिविल कोर्ट बार एसोसिएशन के अध्यक्ष पद खातिर रोमांचक मुकाबला में हमीदुल्लाह खान 8 वोट से विजयी, 3 वोट से धर्मेंद्र त्रिपाठी महामंत्री निर्वाचित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महराजगंज: महाराजगंज सिविल बार एसोसिएशन के 28वां साल खातिर भइल वोटिंग के मतगणना आज सम्पन्न भइल। मुख्य निर्वाचन अधिकारी शंभू शरण पांडेय के मोताबिक एह चुनाव में कुल 621 में से 581 लोग अपना मताधिकार के प्रयोग कइले रहे। जवना के आधार पs भइल मतगणना के परिणाम एह तरे रहल:

अध्यक्ष:

  • हमीदुल्लाह खान 185 वोट, 8 वोट से विजयी
  • निकटतम प्रतिद्वंदी: इंद्रमणि तिवारी 177 वोट
  • वाहिद अली 87 वोट
  • अरुण पांडेय 67 वोट
  • अनिरुद्ध पटेल 53 वोट
  • महेन्द्र प्रताप पांडेय (एमपी पांडेय): 14 वोट
हमीदुल्लाह खान अध्यक्ष निर्वाचित

 

महामंत्री:

  • धर्मेन्द्र त्रिपाठी विजेता- 236 वोट, 3 वोट से विजयी
  • रामराज चौधरी 233 वोट
  • प्रमोद त्रिपाठी 89 वोट
  • द्विजेन्द्र दूबे 7 वोट
  • कैलाश अग्निहोत्री 3 वोट
धर्मेंद्र त्रिपाठी महामंत्री निर्वाचित

वरिष्ठ उपाध्यक्ष:

  • धनंजय पटेल 327 वोट, 81 वोट से विजयी
  • निकटतम प्रतिद्वंदी: ध्रुव नारायण पांडेय 246 वोट

कनिष्ठ उपाध्यक्ष:

  • अमित प्रताप सिंह 355 वोट, 139 वोट से विजयी
  • निकटतम प्रतिद्वंदी: सुरेंद्र सिंह 216 वोट

 

संयुक्त मंत्री (प्रकासन) :

  • अखिलेश प्रजापति 296 वोट, 16 वोट से विजयी
  • निकटतम प्रतिद्वंदी: परशुराम गौड़ 280 वोट

 

संयुक्त मंत्री (पुस्तकालय) :

    • गिरजेश मिश्र, 325 वोट, 87 वोट से विजयी
    • निकटतम प्रतिद्वंदी: गंगा प्रजापति 238 वोट

 

कोषाध्यक्ष:

  • राम रक्षा भारती 341 वोट, 118 वोट से विजयी
  • निकटतम प्रतिद्वंदी: विनय पांडेय 223 वोट

वरिष्ठ कार्यकरिणी सदस्यन में चंद्रभान शुक्ल, प्रद्युम्मन पटेल, हनुमान प्रसाद चौरसिया, ब्रजेश गुप्त, महेंद्र गौतम, अरविंद प्रताप विजयी घोषित कइल गइल लोग।

कनिष्ठ कार्यकरिणी सदस्यन में उमा शंकर वर्मा, राकेश पांडेय, अखिलेश पांडेय, रंजीत कुमार, पवन मिश्रा, अर्जुन कुमार विजयी भइल लोग।

कुल 621 में 40 लोग ना कइले रहे मतदान

बता दीं कि सिविल बार एसोसिएशन खातिर मंगर के मतदान भइल रहे। जवना में कुल 621 मतदाता लोगन में से 581 लोग मतदान कइले रहे। 40 अधिवक्ता मतदान खातिर ना पहुँचल रहे लोग। मुख्य चुनाव अधिकारी शंभू शरण पांडेय के मोताबिक कुल 24 पदन खातिर 41 उम्मीदवार नामांकन कइले रहे लोग। चुनाव आ मतगणना के शांतिपूर्ण तरीका से पूरा करवावे खातिर चुनाव समिति के सब सदस्य लोग तत्पर दिखल, जेमे प्यारेलाल यादव, रामजी सिंह, नरेंद्रनाथ श्रीवास्तव, मूर्ति नारायण त्रिपाठी, अजीत कुमार प्रजापति आ मो० मेहताब खान सामिल रहे लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]