[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली एयरपोर्ट पs बुजुर्ग महिला के व्हीलचेयर खातीर 3 घंटा करे के पड़ल इंतजार, पार्किंसन बीमारी से रहली पीड़ित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

दिल्ली अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs एगो बुजुर्ग महिला के व्हीलचेयर खातीर तीन घंटा से जादे इंतजार करे के पड़ल। पार्किंसन रोग से पीड़ित 84 बरीस के महिला अतवार के दिने एलायंस एयर के फ्लाइट से जयपुर से दिल्ली हवाई अड्डा चहुँप गइल. एकरा बाद व्हीलचेयर खातिर तीन घंटा से अधिका इंतजार करे के पड़ल। एयरलाइन के कहल बा कि एह घटना के जाँच कइल जा रहल बा.

सरकारी एयरलाइन इहो कहलस कि उs अपना बेटा के संगे यात्रा करत बुजुर्ग महिला के परिवार के लोग से संपर्क में बिया अवुरी एs घटना खातीर उनुका से माफी मांग चुकल बिया। एकरा अलावे एलायंस एयर एs मामला के एआई-सैट्स के संगे भी ले रहल बा, जवन कि नई दिल्ली के इंदिरा गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs एयर इंडिया के ग्राउंड हैंडलिंग सेवा प्रदाता भी बा।

एलायंस एयर के ग्राहक सेवा के सहायक महाप्रबंधक मनोहर टुफ्ची कहले कि, “कुछ गड़बड़ हो गईल बा। हमनी के एs घटना के कई कोण से देखतानी। एकरा अलावे हमनी के ग्राउंड हैंडलिंग एजेंसी एआई-सैट्स से भी मामला के सोझा लेतानी , जवना के जिम्मेदारी यात्री लोग के व्हीलचेयर उपलब्ध करावे के बा, एकरा के करावे के पड़ल।” मनोहर टुफ्ची बतवले कि उs बुजुर्ग महिला के बेटा से फोन पs बात कईले बाड़े अवुरी एs घटना खातीर माफी मांग चुकल बाड़े अवुरी उनुका संपर्क में बाड़े।

एकरा से पहिले राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली में बरखा के बीच दिल्ली हवाई अड्डा के टर्मिनल-1 के छत के एगो हिस्सा गिरला से एक आदमी के मौत हो गईल अवुरी पांच लोग घाही हो गईले। दिल्ली के घरेलू हवाई अड्डा थाना में अनजान आदमी के खिलाफ मामला दर्ज भईल। दिल्ली पुलिस के उपनिरीक्षक के बयान पs प्राथमिकी दर्ज भईल।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]