गोरखपुर: शौचालय में बंद बुजुर्ग के ताला तुड़के बाहर निकालल गइल,सामुदायिक शौचालय में केयर टेकर ताला बंद कs के चल गइल रहे

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 16, 2024

गोरखपुर। एगो सामुदायिक शौचालय में एगो बुजुर्ग अंदरे बंद हो गइलें। बुजुर्ग उहां शौच खातिर गइल रहस। एह बीच भूलवश केयर टेकर शौचालय के ताला बंद कs के घर चल गइल। दरवाजा बंद देख बुजुर्ग

Share

गोरखपुर। एगो सामुदायिक शौचालय में एगो बुजुर्ग अंदरे बंद हो गइलें। बुजुर्ग उहां शौच खातिर गइल रहस। एह बीच भूलवश केयर टेकर शौचालय के ताला बंद कs के घर चल गइल। दरवाजा बंद देख बुजुर्ग बाहर निकले कोसिस कइलें, बाकिर सफल ना हो सकलें।

एकरा बाद बुजुर्ग करीब एक घंटा ले दरवाजा पीटत रहलें आ चिल्लात रहलें। तबे आस-पास के लोग आवाज सुनके उहां पहुंचल। लोग शौचालय के ताला तुड़के बुजुर्ग के बाहर निकालल। ममिला गुलरिहा इलाका के अमवां इस्थित सामुदायिक शौचालय के बा।

साँझि खा शौच खातिर गइल रहलें बुजुर्ग

दरअसल, अमवां गांव के रहे वाला बांके सिंह (88) सुक के सामुदायिक शौचालय में अपराह्न करीब तीन बजे शौच खातिर गइल रहस। ओहि दौरान शौचालय के केयर टेकर जावित्री देवी अपना बेटा के बइठाके कवनो काम से चल गइली। तनिका देर बाद केयर टेकर के बेटा शौचालय में ताला लगाके घर निकल गइलें। अंदर बांके सिंह फंसल रह गइलें।

ऊ करीब एक घंटा तक बाहर अइला खातिर दरवाजा पिटत रहलें, बुजुर्ग होखला के कारण से ऊ ठीक से चिल्ला ना पावत रहस। अचानके बगल में धान एकत्र करे गइल वाहिद शौचालय से चिल्लाये के आवाज सुनलें। ऊ दउड़के पहुंचलें। अंदर बुजुर्ग के फंसल देखके। ऊ आउर लोगन के बुलाके ताला तुड़वाके उनका के बाहर निकलववलें।

डेरा गइल रहस बुजुर्ग

शौचालय में बंद रहला के दौरान ऊ दहशत में आ गइल रहस। कवनो तरे परिजन उनका के पकड़के घरे ले गइल लो। बहुत देर बाद उनकर हालत सामान्य भइल। ऊ बतवलें कि अचानक उनका पेट में दरद उठल तs ऊ शौचालय गइल रहस।

ऊ इहो कहलें कि आज के बाद अब ऊ कबो बाहर शौचालय ना जइहें। ओहिजा परिजनन के कहनाम रहे कि घर पs शौचालय बा। पेट दरद के वजह से ऊ सामुदायिक शौचालय चल गइल रहस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.