[the_ad_group id="30365"]

मदरसा में ईद अउर रमजान के अवकाश में भइल कटौती, मदरसा बोर्ड के सदस्य लोग जतावल नाराजगी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मदरसा शिक्षा परिषद के 2023 के अवकाश तालिका में सालाना अवकाश में सात दिन के कटौती कइल गइल बा। सोमार के ऑल इंडिया मुस्लिम पर्सनल लॉ बोर्ड के अध्यक्ष अउर नदवा प्रमुख मौलाना सैयद राबे हसनी नदवी उनसे मुलाकात करे पहुंचल मदरसा बोर्ड के सदस्य कमर अली से अवकाश के ले के नाराजगी जतवलें।

मदरसा बोर्ड के साल 2023 के अवकाश तालिका में सालाना अवकाश 43 के जगह एह बेर 36 कs दीहल गइल बा। जबकि शीतकालीन अवकाश 11 के बजाय 10 के गइल बा। मदरसा में सालाना अवकाश रमजान अउर ईद उल फित्र खातिर दीहल जाला। सालाना अवकाश में सात दिन अउर शीतकालीन अवकाश में एक दिन के कटौती कइले के ले के मौलाना सैयद राबे हसनी नदवी मदरसा बोर्ड के सदस्य कमर अली से आपन खीस जतवलें। मदरसा बोर्ड के सदस्य ओसे मुलाकात करे नदवा पहुंचल रहनें।

मदरसा बोर्ड के सदस्य कमर अली बतवलें कि मुलाकात के दौरान गैर मान्यता प्राप्त मदरसा के संबन्ध में भी बातचीत भइल। ऊ बतवलें कि मौलाना राबे हसनी नदवी के भरोसा दियवलें कि गैर मान्यता प्रप्त मदरसा के बंद करे के सरकार के कौनो इरादा नाइ बा। ऊ बतवलें कि सालाना अवकाश के संबन्ध में मौलाना राबे के आश्वासन दियवलें कि एह मामिला के मदरसा बोर्ड के सोझे रखलें। ऊ बतवलें कि मौलाना मुलाकात के दौरान सिर पर हाथ रख के दुआ दिहलें। एह मौका पर नदवा के मीडिया विभाग के प्रमुख मौलाना मोहम्मद खालिद नदवी गाजीपुरी भी मौजूद रहनें।

तनजीमुल मकातिब मंगलस प्रबंध समिति खातिर देश भर से उम्मीदवारन के नाम

तनजीमुल मकातिब प्रबंध सिमिति के चुनाव खातिर देश भर से उम्मीदवारन के नाम मंगले बानें। मकातिब के सामान्य अउर स्थाई सदस्य 16 जनवरी ले आपन नाम दे सकेने। तनजीमुल मकातिब के सचिव मौलाना सैयद सफी हैद जैदी बतवलें कि प्रबंध समिति में 18 सदस्य बानें। एहमें अध्यक्ष मौलाना शमीमुल हसन, उपाध्यक्ष मौलाना मुमताज अली, सचिव मौलाना सफी हैदर, मौलाना अनीसुल हसन, मौलाना सबीहुल हुसैन, तकी अनवर शामिल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]