[the_ad_group id="30365"]

ईद उल फितर 2023: ईद कs चाँद देखल गइल, ईद आजु यूएई-सऊदी अरब समेत खाड़ी कs देसन में मनावल जाई;   भारत मे काल मनावल जाइ ईद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य पूर्व एशिया आ खाड़ी के देशन में बियफे कs दिने ईद मनावल जाई। गुरुवार के शव्वाल के चंद्रमा सऊदी अरब, कुवैत, कतार आ यूएई में देखल गईल।  एकरा बाद सऊदी अरब के सुप्रीम कोर्ट बियफे यानी 21 अप्रैल के ईद अल फितर मनावे के एलान कइलस।  यूएई आ कतर भी बियफे कs दिने ईद मनावे के एलान कइले बा।

ईद उल फितर 2023 के तारीख : संयुक्त अरब अमीरात में ईद के त्योहार 21 अप्रैल बियफे कs दिने मनावल जाई।  यूएई के चाँद देखे वाला समिति गुरुवार के एकर घोषणा कईलस।  समिति के कहनाम बा कि रमजान के आखिरी दिन 20 अप्रैल के बा, जबकि इस्लामी महीना शव्वाल 21 अप्रैल से शुरू होई।  एकरा संगे यूएई में 3 दिन के ईद त्योहार शुरू हो गईल बा।

इस्लामी कैलेंडर कs शव्वाल महीना के पहिला दिन पवित्र रमजान महीना के अंत के बाद ईद मनावल जाला।  दुनिया भर में इस्लाम के धर्म में विश्वास करे वाला लोग रमजान कs महीना में रोजा (व्रत) राखेला आ महीना भर मन से इबादत (इबादत) करेला।  बता दीं कि इस्लामी कैलेंडर के हिसाब से महीना 29 या 30 दिन के होला।  अबकी बेर रमजान के महीना 29 दिन के होई।

भारत में शनिचर कs दिने ईद हो सकेला
खाड़ी के देशन में बियफे के दिने ईद कs चाँद देखला कs बाद उमेद बा कि भारत में 22 अप्रैल शनिचर कs दिने ईद मनावल जाइ। अगर शुक्रवार के भारत में शव्वाल के चाँद देखाई दिही त शनिवार कs देश भर में ईद मनावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]