[the_ad_group id="30365"]

यूपी में एगो आदमी हैवान बन गइल बा! महतारी पत्नी के हत्या के बाद तीन बच्चा के छत से फेंक देहलख आ आत्महत्या भी क लेले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मौका प पहुंचल पुलिस सब लाश के अपना हिरासत में ले लेलस। फिलहाल तमाम लाश के पोस्टमार्टम कइल जाता।

इंसानियत आ रिश्तन के शर्मसार करे वाली घटना उत्तर प्रदेश के सीतापुर से सोझा आइल बा । असल में इहाँ एगो पागल आदमी पहिले अपना परिवार के पांच सदस्य के हत्या क देलस आ बाद में आत्महत्या क लेलस। पुलिस से मिलल जानकारी के मुताबिक आरोपी पहिले अपना महतारी के गोली मार देलख आ ओकरा बाद पत्नी के हथौड़ा से पीट के हत्या क देले। उ ए बात प ना रुकल, अपना महतारी आ पत्नी के हत्या के बाद उ अपना तीन बच्चा के भी ना बख्शले। आरोपी अपना घर के छत से एक-एक क के अपना तीनों बच्चा के फेंक देलस। जवना के चलते तीनों बच्चा के मौत हो गइल। परिवार के पांच सदस्य के बेरहमी से हत्या के बाद आरोपी आदमी खुद आत्महत्या क लेलस। पुलिस आरोपी के पहचान अनुराग सिंह के रूप में कइले बिया जवन कि 45 साल के बाड़े।

लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेजल गइल

फिलहाल पुलिस मौका प पहुंच के सभ लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस। पुलिस ए मामला के जांच में व्यस्त बिया। घटना स्थल के नजदीक रहेवाला लोग से पुलिस पूछताछ करतिया। एकरा अलावे मरेवाला के बाकी परिजन से भी ए मामला के संबंध में पूछताछ कइल जाता। पुलिस फिलहाल इ पता लगावे के कोशिश में बिया कि उ आदमी परिवार के सभ सदस्य के काहें हत्या क देलस।

आरोपी नशा के आदी रहे

पुलिस के शुरुआती जांच में पाता चलल बा कि आरोपी के नशा के आदत रहे। जांच में पाता चलल कि आरोपी अनुराग नशा के आदी रहे। इहे कारण रहे कि उनुकर परिवार उनुका के नशा मुक्त केंद्र में भेजल चाहत रहे। पुलिस के मुताबिक ए मामला के लेके अनुराग आ परिवार के बाकी लोग के बीच विवाद रहे। आ एकरा बाद ऊ एह घटना के अंजाम दिहलन ।

आरोपी मानसिक रूप से बेमार रहे

सीतापुर के पुलिस अधीक्षक चक्रेश मिश्रा बतवले कि शनिवार के सबेरे रामपुर मथुरा थाना अंतर्गत गांव पलहापुर से पुलिस के सूचना मिलल कि एगो मानसिक रूप से बेमार आदमी, जेकर नाम अनुराग सिंह बतावल जाता, उमर 45 साल बा, अपना परिवार के पांच लोग के हत्या क देले बा। हत्या कर दिहल गइल बा । आ बाद में ऊ खुदे आत्महत्या क लिहलस । पुलिस के जांच में पाता चलल बा कि आरोपी एकरा से पहिले अपना महतारी सावित्री देवी (65 साल), पत्नी प्रियंका (40 साल) आ ओकर तीन बच्चा के हत्या क देले रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]