नेचुरल कंडीशनर होला अंडा, अइसे करब इस्तेमाल तs ल‌वट आई बाल के चमक

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 11, 2024

  चमचमावत आ फ्रिज फ्री बाल केके नाहीं पसंद हs ? कुल महिला- पुरुष सिल्की बालन के चाहत रखेला । फ्रिजी हेयर से लोगन के काफी परेशानी होला । अइसे बालन से छुटकारा पावे के

Share

 

चमचमावत आ फ्रिज फ्री बाल केके नाहीं पसंद हs ? कुल महिला- पुरुष सिल्की बालन के चाहत रखेला । फ्रिजी हेयर से लोगन के काफी परेशानी होला । अइसे बालन से छुटकारा पावे के खातिर लोग महंगा से महंगा कंडीशनर, शैम्पू हेयर हेयर मास्क प्रोडक्ट्स के इस्तेमाल करेले । लेकिन बालन के रूखापन कम होइले के बजाय जादा हो जाला। अगर आपो कई गो प्रोडक्ट्स इस्तेमाल क‌ई के थक चुकल बानी तs ढंग के रिजल्ट नाहीं मिल पावेला तs एक बेर रउरा अंडा से बनल एह मास्क ज़रूर आज़माईं।

अंडा होला फायदेमंद

फ्रिज़ी हेयर से छुटकारा दिलावे में अंडा बेहद फायदेमंद हs। एमें प्रोटीन, विटामिन, खनिज आ बायोटीन पाइल जाला जवन बालन के जड़ के मजबूत बनावे लाs। अंडा के सफेदी के इस्तेमाल ऑयली बालन के खातिर क‌इल जा सकेला । ओहीं अंडा के जर्दी रूखा बालन के पोषण देवे आ ओके चमकदार आ झड़ले से रोके के खातिर बेहतर होला । एसे हेयर फॉल के रोकल जा सकेला साथे उs बालन के शाइनी बन‌वले में असरदार होला।

अइसे बनाई अंडा के मास्क

अंडा के फोड़ के ओके अच्छा तरह फेंट लेंईं आ फेरु ओके आपन गीला बाल पs लगाके कुछ समय के खातिर राखीं। जबले बाल हल्का सुख जाए तब ओके कवनो शैम्पू से धो ले‌ईं। धोइले के बाद बाल के सुखा तौलिय में लपेट लेंईं। जब बाल सुख जाईं तबे एकर चमक देखे लायक होईं।

अंडा आ ऑलिव ऑइल

फ्रिज़ी बाल खातिर एगो कटोरा में 2 गो अंडा के पीला भाग लेंईं आ ओमें 2 चम्मच ऑलिव ऑयल मिला लेंईं। एs मिश्रण में थोड़ा पानी डालल जा सकेला ‌। एके उंगली या ब्रश से बाल के जड़न में लगाईं आ जवन बच जाई ओके कपार ले लगाईं आ 15 से 20 मिनट बाद बाल के धोके साफ क‌ई लेंईं। हफ्ता दस दिन में एक बेर एs हेयर मास्क के लगावल जा सकेला ।

अंडा आ दही

दही के साथे बनावल ग‌इल एह हेयर मास्क बाल के सोफ्टनेस देला । हेयर मास्क बनावे खातिर 2 चम्मच दही में एक चम्मच नींबू के रस डालीं आ एगो अंडा मिलाईं। एs मास्क के बाल पs एक घंटा लग‌वले के बाद शैंपू से कपार धो लेंईं। बाल मुलायम हो जाईं।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.