[the_ad_group id="30365"]

यूपी बोर्ड के परीक्षा में सख्ती के असर: 3.5 लाख से जादे स्टूडेंट्स छोड़ल लो परीक्षा, बड़ संख्या में स्टूडेंट्स के परीक्षा छोड़े के लेके बोर्ड के चिंता बढ़ल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा बोर्ड के परीक्षा में लगातार स्टूडेंट्स परीक्षा छोड़ रहल बा। एकर मुख्य वजह परीक्षा में बढ़ल सख्ती के मानल जा रहल बा।

दरअसल, बीतल सालन में बोर्ड परीक्षा में नकल पs पूरा तरे से लगाम लगावत सख्ती बढ़ा दिहल गइल बा। नतीजा स्टूडेंट परीक्षा में सामिल होखे से बेहतर ओकरा के छोड़ल समझ रहल बा। स्टूडेंट्स के बड़ संख्या में परीक्षा छोड़े के लेके बोर्ड गंभीर बा। बोर्ड कार्यालय परीक्षा छोड़े के वजहन के तलाशे में जुट गइल बा।

यूपी बोर्ड परीक्षा के सुरुआत 22 फरवरी के भइल बा। एह दिन सबेरे के पाली में 10वीं में हिंदी आ 12वीं में सैन्य विज्ञान के परीक्षा भइल। 10वीं हिंदी के पेपर में 75,194 परीक्षार्थी पंजीकृत रहे। एमे 4,313 स्टूडेंट्स परीक्षा छोड़ दिहल लो।

ओहिजा, दूसरका पाली में 12वीं के हिंदी के परीक्षा में 3,334 परीक्षार्थी परीक्षा छोड़ दिहल लो। जबकि हिंदी के सबसे आसान विषय मानल जाला। 10वीं आ 12वीं के परीक्षा में पहिलही दिन 7,683 परीक्षार्थी परीक्षा छोड़ दिहल लो। दूसरको दिन 686 छात्र परीक्षा छोड़ देले रहे लो। ई आंकड़ा खाली एगो जिला के हs।

CCTV के निगरानी में हो रहल बा परीक्षा

प्रदेश में अबतक 3.5 लाख से जादे छात्र परीक्षा छोड़ले बा लो। यूपी बोर्ड केंद्र वार परीक्षा छोड़े वालन के डाटा जुटाके परीक्षा छोड़े के वजहन के जानी आ आवश्यक कार्रवाई करे के तइयारी में बिया। बोर्ड के क्षेत्रीय सचिव आरपी सिंह बतवलें कि बोर्ड परीक्षा छोड़े वालन अभ्यर्थियन के संख्या बढ़ल बा। एकरा पीछे के मुख्य वजह सख्ती हs। पूरा परीक्षा अब CCTV कैमरा के निगरानी में हो रहल बा। अइसन में जवन अभ्यर्थी नकल भरोसे रहे लो, ऊ लोग डेरा के परीक्षा छोड़ रहल बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]