[the_ad_group id="30365"]

विकास दुबे आ गिरोह के अन्य संपत्तियन के जब्त करी ED, जांच एजेंसी के आरोपपत्र के कोर्ट लेलस संज्ञान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ईडी विकास दुबे आ ओकरा गिरोह के कुछ आउर संपत्तियन के जल्द जब्त करे के तइयारी कर रहल बा। ईडी पुलिस मुठभेड़ में मारल जा चुकल विकास दुबे आ ओकरा गिरोह के सदस्यन के विरुद्ध मनी लॉन्‍ड्रिंग एक्ट के तहत जांच कर रहल बिया। ईडी के जांच में सामने आइल बा कि विकास दुबे अलग – अलग अपराधन में संलिप्त रहले आ काला कमाई से कतना संपत्ति जुटवले रहले।

प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) बहुचर्चित बिकरू प्रकरण के मुख्य आरोपित आ हिस्ट्रीशीटर विकास दुबे (अब मृत) आ उनकर पत्नी रिचा दुबे समेत गिरोह के आउर सदस्यन के विरुद्ध लखनऊ के विशेष कोर्ट में आरोपपत्र दाखिल कइले बा। ईडी के अनुसार, कोर्ट आरोपपत्र पत्र के संज्ञान ले लेले बा।

ईडी विकास दुबे आ उनका गिरोह के कुछ अउर संपत्तियन के जलदिए जब्त करे के तइयारी कर रहल बा। ईडी पुलिस मुठभेड़ में मारल जा चुकल विकास दुबे आ उनकर गिरोह के सदस्यन के विरुद्ध मनी लॉन्‍ड्रिंग एक्ट के तहत जांच कर रहल बिया। ईडी के जांच में सामने आइल रहे कि विकास दुबे अलग – अलग अपराधन में संलिप्त रहले आ काला कमाई से बहुत संपत्ति जुटवले रहले।

अबहीं ले 10.12 करोड़ रूपिया के संपत्तियां जब्त कऽ चुकल बा ईडी

ईडी विकास दुबे, उनका कुनबे, करीबी जयकांत वाजपेयी आ गिरोह के सक्रिय सदस्यन के अपराध के काला कमाई से जुटावल गई संपत्तियन के छानबीन कइले रहे। ईडी मामला में अबहीं ले 10.12 करोड़ रूपिया के संपत्ति जब्त कर चुकल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]