[the_ad_group id="30365"]

ED जैकलीन फर्नांडिस के पेशी खातीर बुलावल गईल, काल्ह सुकेश एक्ट्रेस के भेजल गइल लेटर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मनी लांड्रिंग के मामला में प्रवर्तन निदेशालय यानी ईडी बॉलीवुड अभिनेत्री जैकलिन फर्नांडीस के समन जारी कईले बा। बता दीं कि बड़का गुंडा सुकेश चंद्रशेखर से जुड़ल मनी लांड्रिंग केस में ई समन जैकलिन के भेजल गइल बा. जैकलिन के आजु सबेरे 11 बजे ईडी मुख्यालय में हाजिर होखे के कहल गइल रहे जहाँ ईडी के अधिकारी उनुका से पूछताछ करी. बता दीं कि एकरा से पहिले मंगल के दिने सुकेश जैकलिन के चिट्ठी लिखले रहले.

ईडी चार्जशीट फ़ाइल कs चुकल बाड़े

जैकलिन से पहिले कई बेर प्रवर्तन निदेशालय पूछताछ खातिर बोलवले बा। बता दीं कि सुकेश चंद्रशेखर से जुड़ल मनी लांड्रिंग के एह मामिला में ईडी सुकेश चंद्रशेखर आ अभिनेत्री जैकलिन फर्नांडिस के खिलाफ आरोप पत्र दायर कइले बा. एह मामिला में जैकलिन जमानत पs बाड़ी.

आरोप पत्र में का खुलासा भईल?

आरोप पत्र के मुताबिक सुकेश चंद्रशेखर खुलासा कईले बाड़े कि जैकलिन फर्नांडिस से दोस्ती भईला के बाद उs जैकलिन के करोड़ों रुपया के महंगा उपहार देले रहले। एकरा में गुच्ची बैग, गहना, महंगा कपड़ा, 15 जोड़ी झुमका, 5 बिरकीन बैंग, चैन अवुरी वाईएसएल बैग, महंगा जूता, सुपर लग्जरी ब्रांड के ब्रेसलेट, चूड़ी, रोलेक्स जईसन महंगा घड़ी शामिल बा।

सुकेश काल्ह ही चिट्ठी भेजले रहले

बता दीं कि एकरा से पहिले मंगल के गुंडा सुकेश चंद्रशेखर भी जेल से जैकलिन के चिट्ठी भेजले रहले। सुकेश चंद्रशेखर जैकलिन के 3 पन्ना के चिट्ठी लिख के अभिनेत्री के जन्मदिन के 30 दिन के उलटी गिनती के घोषणा कईले रहले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]