[the_ad_group id="30365"]

एक्टर प्रकाश राज के ED कइलस तलब, प्रणव ज्वैल्स के मामिला में पूछताछ खातिर भेजलस समन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दक्षिण भारतीय के मुखर अभिनेता प्रकाश राज के लेके एगो खबर सामने आईल बा। ईडी ओकरा से पूछताछ खातिर फोन कs के समन भेजले बा। खबर के मुताबिक, त्रिची के एगो ज्वेलर्स समूह के खिलाफ भईल पोन्जी घोटाला से जुड़ल मनी लांड्रिंग के मामिला में ईडी अभिनेता प्रकाश राज के पूछताछ खातीर बोलवले बा।

प्रकाश राज कंपनी के ब्रांड एम्बेसडर बाड़े

बता दीं कि प्रणव ज्वेलर्स के विज्ञापन मशहूर अभिनेता प्रकाश राज के ह। इहे कारण बा कि जौहरी पs छापामारी के बाद जांच एजेंसी अब प्रकाश राज के नोटिस भेज देले बिया।

प्रणव ज्वेलर्स 100 करोड़ रुपिया लेके भाग गईले

त्रिची के एनफोर्समेंट डायरेक्टरेट (ED) के जांच के ओर से दर्ज प्राथमिकी के बाद प्रवर्तन निदेशालय प्रणव ज्वेलर्स के खिलाफ पीएमएलए के तहत मामिला दर्ज कईलस। ए प्राथमिकी में आरोप बा कि प्रणव ज्वेलर्स भारी रिटर्न के वादा कs के जनता से पोंजी स्कीम (गोल्ड स्कीम) में करीब 100 करोड़ रुपिया के निवेश करा देले। बाकिर बाद में प्रणव ज्वेलर्स अपना वादा से मुकर गइल आ तमिलनाडु के सगरी शोरूम रात भर बंद में कs दिहलस। प्रणव ज्वेलर्स के चेन्नई, इरोड, नागरकोइल, मदुरै, कुंबकोणाम आ पुदुच्चेरी जइसन शहरन में बड़हन शोरूम रहे जहाँ लोग एह सोना योजना में एक लाख से एक करोड़ रुपिया के निवेश कइले रहुवे बाकिर बाद में सभका के ठगल गइल।

11 किलो 60 ग्राम सोना के गहना जब्त

प्रणव ज्वेलर्स के लोग सोना योजना के माध्यम से जनता से एकट्ठा भईल 100 करोड़ रुपिया कई गो शेल कंपनी के माध्यम से निवेश कईले, जवना के बारे में जानकारी ईडी के हाथ में आईल बा। ईडी के मुताबिक, जांच के दौरान पता चलल कि प्रणव ज्वेलर्स अवुरी ओकरा से जुड़ल लोग धोखाधड़ी से मिलल पईसा के दोसरा शेल कंपनी के ओर मोड़ देले।

जवना के बाद बुधवार के प्रणव ज्वेलर्स के परिसर पs छापा मारल गईल। ईडी सूत्र के मुताबिक, तमिलनाडु के त्रिची के मशहूर प्रणव ज्वेलर्स में पीएमएलए के तहत तलाशी अभियान के दौरान अयीसन बहुत दस्तावेज मिलल जवना में करीब 23 लाख 70 हजार रुपिया के संदिग्ध लेनदेन के जानकारी मिलल। इहे ना, तलाशी के दौरान ईडी 11 किलो 60 ग्राम सोना के गहना भी जब्त कईले बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]