[the_ad_group id="30365"]

ED पश्चिम बंगाल के रियल एस्टेट फर्म के कार्यालय में मरलस छापा, 1.4 करोड़ रुपिया जब्त, BJP के TMC पs निशाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ED Raids: प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) ने बुध के पश्चिम बंगाल के बालीगंज के लगे अर्ल स्ट्रीट में एगो रियल एस्टेट फर्म के कार्यालय में छापेमेरी कइलस। एह दौरान ईडी 1.4 करोड़ रुपिया जब्त कइलस। बयान में अधिकारी कहलें कि एगो विशिष्ट खुफिया सूचना मिलल रहे कि एगो अत्यधिक प्रभावशाली राजनीतिक व्यक्ति अपना करीबी विश्वासपात्र के माध्यम से कोयला के तस्करी से होखे वाला ब्लैक मनी के व्हाइट करे के कोसिस करत रहे। कहल गइल कि एजेंसी द्वारा जब्त कइल गइल राशि के इस्तेमाल गेस्ट हाउस किने खातिर कइल जाये के रहे।

संपत्ति के मार्केट वैल्यू 12 करोड़ रुपिया रहे, संपत्ति के रजिस्ट्री बुध के 3 करोड़ रुपिया में कइल गइल रहे। ईडी के एगो अधिकारी कहलें कि शेष राशि भुगतान कोयला के तस्करी के आय के संगे नकद में कइल जाये के रहे। ईडी के अधिकारी लोग दावा कइल कि ओह लोगन द्वारा जब्त कइल सामान अभियुक्तन के बीच एगो ‘बड़ सांठगांठ’ के ओर इशारा कइले बा। संगही प्रभावशाली राजनीतिक व्यक्ति एगो मंत्री के अवैध नकदिय के संभारत रहे।

हालांकि, संघीय एजेंसी अभी तक प्रभावशाली व्यक्ति आ मंत्री के नाम नइखे लेले। उ कहलस कि आगे के जांच चल रहल बा। ई छापा एगो राजनीतिक गतिरोध पैदा कs देले बा। भाजपा दावा कइले बिया कि राजनीतिक व्यक्ति के ‘करीबी विश्वासपात्र’ ममता बनर्जी के संगे भवानीपुर में उनका चुनाव प्रचार के दौरान देखल गइल रहे।

बीजेपी नेता सुवेंदु अधिकारी कहलें कि “मनजीत सिंह ग्रेवाल @ जिट्टा; @MamataOfficial के भबानीपुर उपचुनाव अभियान के के संभरलस, dir_ed के प्रेस विज्ञप्ति में नामित कइल गइल बा। ओकरा के सीएम आ उनका राजनेता भाई कार्तिक बनर्जी के संगे देखल जा सकत बा। का सीएम स्पष्ट करिहें, पार्थ चटर्जी के तरे, ऊ उनको खिलाफ कार्रवाई करिहें?”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]