Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नेपाल में आर्थिक आपातकाल: भारत से बेयपार 26% गिरल, 3 महीना में 2000 करोड़ के घाटा

1,575

नेपाल में आर्थिक आपातकाल लागू होखला के प्रभाव भारत के केद्रीय व्यापार पs पड़ल बा। नेपाल  कावर से प्रमुख सामग्रियन के आयात पs प्रतिबंध के बाद भारत से कारोबार में करीब 26 फीसदी के गिरावट आइल बा। जवना के वजे से तीन महीना में दु हजार करोड़ रुपिया के नुकसान हो चुकल बा। हालाकि, स्थानीय मार्केट में बेयपार में बढ़न्ती भइल बा।

एह संबंध में चैंबर ऑफ कॉर्मस के महासचिव आलोक श्रीवास्तव के कहनाम बा कि, नेपाल के आर्थिक परेसानी के असर भारत के स्थानीय मार्केट पs नइखे पड़ल। बाकिर, राजस्थान, दिल्ली, केरल, मध्य प्रदेश, कानपुर, मुंबई सहित देश के आउर हिस्सन से आवे आला सामग्रियन पs पूरा तरे से रोक लाग गइल बा। आयात पs प्रतिबंध से भारत के अलग-अलग हिस्सा में बने आला सामान नेपाल नइखे जात। ट्रेड  वैल्यू में 25 से 30 फीसदी के गिरावट आइल बा।

रक्साैल आईसीपी के प्रबंधक ज्ञानेन्द्र कुमार सिंह के मानल जाव तs जनवरी महीने से नेपाल सरकार कावर से प्रमुख सामग्रियन के आयात पs अप्रत्यक्ष रूप से प्रतिबंध लगावल जाये लागल। एकर असर ई भइल कि दिसंबर महीना के तुलना में ट्रेड वैल्यू 1 हजार 84 कराेड़ रुपिया तक सिमट गइल बा। एह दाैरान नेपाल से हर महीना भारत 1652 ट्रकन से 345 कराेड़ रुपए के सामान आयात कइलस।

मार्च 2022 में भारत-नेपाल के बीचे रक्साैल आईसीपी से 1429 कराेड़ रुपिया के काराेबार भइल। ओहिजा जाेगबनी आईसीपी से मार्च 2022 में 586 कराेड़ के निर्यात आ 200 कराेड़ के सामान आयात भइल। कुल मिलाके जाेगबनी आईसीपी से मार्च महीना में 786 कराेड़ रुपिया के ट्रेडिंग भइल।

नेपाल के 6520 अरब अमेरिकन डॉलर के सामान भेजेला भारत

नेपाल भारत से लगभग 6520 अरब अमेरिकन डॉलर के सामान आयात करेला। आयातित सामानन के लगभग 65% बा जबकि ई चीन से मात्र 12.5% के करीब बा। नेपाल में भारत से आयातित सामानन में मुख्य रूप से पेट्रोलियम उत्पाद, जेम्स आ ज्वेलरी, ड्रग फार्मूलेशन आ मशीनरी के सामान होला जवना के हिस्सा करीब 2900 अरब डॉलर के बा। आउर मुख्य सामानन में मसाला,चाय, काॅफी, टोबैको, कृषि उपज, लोहा आ स्टील बा।

साभार: भास्कर

248960cookie-checkनेपाल में आर्थिक आपातकाल: भारत से बेयपार 26% गिरल, 3 महीना में 2000 करोड़ के घाटा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.