[the_ad_group id="30365"]

सबेरे खाली पेट पपीता खइले से डायबिटीज होई कंट्रोल, कब्ज से भी मिली छुटकारा, जानीं एकर फायदा 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पपीता एगो अइसन फल ह जवन साल के 12 महीना उपलब्ध रहेला। इ फल विटामिन अवुरी खनिज के संगे पोटेशियम, फाइबर अवुरी फोलेट से भरपूर होखेला, एकरा अलावे एकरा में पेपेन एंजाइम भी होखेला। जवना से बहुत समस्या से राहत मिलेला। पपीता हमनी के स्वास्थ्य खातीर बहुत फायदेमंद होखेला। सबेरे फाइबर अवुरी आयरन से भरपूर ए फल के सेवन से आप बहुत बेमारी से दूर रह सकतानी। आईं जानीं जा सबेरे एह फल के खइला से कवन फायदा होई।

एह समस्या में पपीता कारगर होला

पाचन में सुधार करेला 

पपीता में पेपेन एंजाइम होखेला। पेपेन एंजाइम भोजन के पचावे में मदद करेला अवुरी प्रतिरक्षा बढ़ावे वाला के काम करेला। रोज सबेरे खाली पेट पपीता के सेवन से पाचन में तेजी आवेला।

पेट से जुड़ल समस्या में कारगर 

जदी आप कब्ज, अपच, गैस जईसन समस्या से पीड़ित बानी तs पपीता के अलावे एकर सेवन सब्जी, सूप, सलाद, हलवा, फल के स्मूदी आदि के रूप में जरूर करी। एकर सेवन से आपके पाचन क्षमता मजबूत होई अवुरी पेट के पीएच लेवल भी संतुलित रही।

डायबिटीज में फायदेमंद 

स्वास्थ्य विशेषज्ञ के मुताबिक, कच्चा पपीता के सेवन डायबिटीज के मरीज खातीर फायदेमंद होखेला। एकरा से शुगर के स्तर ना बढ़े देला। बेमारी से पीड़ित मरीज 1 कप पपीता के सेवन कs सकतारे। असल में एह फल में 85% पानी, 10% कार्बोहाइड्रेट, 2% फाइबर, 1% प्रोटीन अवुरी 0 फैट होखेला। एहसे डायबिटीज के नियंत्रित करे खातिर मात्र 100 ग्राम पपीता काफी बा।

दिल खातिर सेहतमंद

अगर आपके कोलेस्ट्रॉल जादा बा तs खाली पेट पपीता खाईं। एकरा से खराब कोलेस्ट्रॉल के स्तर कम हो सकता। पपीता में पोटेशियम भी होखेला जवन कि ब्लड प्रेशर के मरीज खातीर फायदेमंद तत्व हs। एकरा के खईला से आप अपना के दिल के दौरा, स्ट्रोक अवुरी कोरोनरी हार्ट डिजीज से बचा सकतानी।

वजन घटावे में मददगार

बहुत कम लोग के पता होई कि पपीता वजन कम करे में मददगार होखेला, एकरा के खईला से शरीर में ऊर्जा मिलेला अवुरी अतिरिक्त वसा कम हो जाला। पपीता के स्लाइस में काट के नाश्ता में करिया नमक अवुरी काली मिर्च डाल के भी खा सकतानी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]