[the_ad_group id="30365"]

पूर्व मध्य रेलवे के बड़ फसीला, बिहार में भोर के 4 बजे से रात के 8 बजे ले ना चली ट्रेन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्र सरकार द्वारा सेना में बहाली खातिर ले आवल गइल अग्निपथ योजना के खिलाफ लगातार प्रदर्शन जारी बा। प्रदर्शनकारी मुख्य रूप से आपन निशाना ट्रेन आ रेलवे स्टेशन के बना रहल बाड़े। एही हिंसक प्रदर्शन के देखत अब रेलवे एगो बड़ फसीला लेले बा। रेलवे भोर के चार बजे से लेके रात के आठ बजे तक ट्रेन के परिचालन पs अस्थाई रोक लगा देले बा।

19 आ 20 जून के बंद रही परिचालन

रेलवे ट्रेन के संचालन पs रोक लगावत कहले बा कि ई फसीला रेल के संपत्ति आ यात्रियन के सुरक्षा के देखत लिहल गइल बा। रेलवे 19 जून के भोर के 4 बजे से रात के 8 बजे तक ट्रेन के परिचालन ना करी। एही तरे 20 जून के भोरे 4 बजे से रात के 8 बजे तक ट्रेन के परिचालन बंद रही।

प्रदर्शन में जरावल गइल कइयन गो ट्रेन

गौर करे आला बात बा कि अग्निपथ योजना के खिलाफ प्रदर्शन कर रहल उपद्रवियन द्वारा बीतल दिनन में कइयन गो ट्रेनन के आग के हवाले कs दिहल गइल रहे। एकरा संगही प्रदर्शनकारी रेलवे स्टेशन के अंदर तोड़फोड़ कइले आ रेलवे कर्मचारियन के साथे मारपीटो कइले रहस। कुछ रेलवे स्टेशन से लूटपाट के खबर आइल रहे। एही के देखत रेलवे ट्रेन के संचालन पs रोक लगावे के फसीला लेले बा।

रेलवे स्टेशनो आग के हवाले

आज सनिचरो के बिहार बंद के दौरान प्रदर्शनकारी मसौढ़ी में जमके हंगामा कइले। इहां तारेगाना रेलवे स्टेशन पs हजारन के संख्या में पहुंचल प्रदर्शनकारी रेलवे स्टेशन में आग लगा देले, जवना के चलते रेलवे स्टेशन जरके राख हो गइल। ओहिजा सुक के बिहिया रेलवे स्टेशन पs आगजनी कइल गइल रहे। एकरा संगही पूरा राज्य में 60 से जादे बोगी आ 10 से जादे इंजन में आग लगा दिहल गइल रहे।

साभार: प्रभात खबर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]