[the_ad_group id="30365"]

Earthquake in Delhi NCR: दिल्ली-एनसीआर में महसूस कइल गइल भूकंप के झटका, घर-दफ्तर से बाहर निकलल लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली-एनसीआर में सोमवार के दुपहरिया 4.16 बजे भूकंप के झटका महसूस भईल। भूकंप के बाद लोग घर से बाहर निकल के खुला जगह के ओर बढ़त देखाई देतारे। दिल्ली से सटल नोएडा, फरीदाबाद, गुरुग्राम अवुरी गाजियाबाद में भी कंपकंपी महसूस भईल। राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केन्द्र के अनुसार भूकंप के केन्द्र नेपाल रहल आ एकर तीव्रता रिक्टर पैमाना पs ५.६ नापल गईल बा ।

फिलहाल कतहु से कवनो प्रकार के नुकसान के बारे में कवनो जानकारी सोझा नईखे आईल। मालूम रहे कि पछिला शुक्रवार के एगो भूकंप नेपाल में बड़ तबाही मचवले रहे। जाजरकोट में 905 घर पूरा तरह से क्षतिग्रस्त हो गइल बा जबकि 2745 घर आंशिक रूप से क्षतिग्रस्त हो गइल बा। रुकुम पश्चिम में भूकंप से 2,136 घर पूरा तरह से क्षतिग्रस्त, 2,642 घर आंशिक रूप से क्षतिग्रस्त अवुरी 4,670 घर के मध्यम क्षति पहुंचल बा।

भूकंप काहे आवेला?

पृथ्वी के भीतर सात गो प्लेट बाड़ी सs जवन लगातार घूमत रहेली सs। जवना जोन में ई प्लेट टकरा जालीं, ओकरा के फाल्ट लाइन कहल जाला। बार-बार टक्कर के चलते प्लेट के कोना झुक जाला। जब बहुत ज्यादा दबाव बन जाला त प्लेट टूटे लागेला। नीचे के ऊर्जा बाहर निकले के रास्ता खोज लेला आ डिस्टर्बेंस के बाद भूकंप आवेला।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]