[the_ad_group id="30365"]

सिक्किम में हिलल धरती, बिहार ले महसूस भइल झटका

पाकिस्तान में भूकंप के झटका: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सिक्किम में शुक के सबेरे 6.57 बजे भूकंप के झटका महसूस भईल। भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 4.4 बतावल गईल। भले ही भूकंप के केन्द्र सिक्किम में रहे बाकिर बिहार में भी एकर कंपन महसूस भईल। बिहार के किशनगंज में बहुत लोग के भूकंप के अहसास भईल।  भूकंप के केन्द्र भी पश्चिम बंगाल के सिलिगुड़ी के बहुत नजदीक रहे। अयीसना में एकर असर पश्चिम बंगाल अवुरी भारत के बिहार में भी महसूस भईल। एकरा संगे नेपाल अवुरी भूटान में भी भूकंप के झटका महसूस भईल।

भूकंप के तीव्रता ज्यादा ना रहे। एकरा चलते ना तs जान-माल के कवनो खास नुकसान भईल। बरसात के मौसम में पहाड़ी इलाका में भूकंप के चलते भूस्खलन के बहुत खतरा होखेला। भूस्खलन से बड़हन तबाही हो सकेला. हाल ही में वायनाड में भूस्खलन के चलते बहुत संख्या में लोग के मउत हो गईल।

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]