[the_ad_group id="30365"]

Earthquake: पंजाब के बाद पश्चिम बंगाल आ असम में आइल भूकंप, बांग्लादेश ले महसूस भइल झटका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

पश्चिम बंगाल आ असम में 3.6 तीव्रता के भूकंप : पंजाब के बाद बुधवार के पश्चिम बंगाल आ असम में भूकंप आइल। बंगाल में भूकंप के तीव्रता जहां 3.6 रहे, उहें असम में 4.1 तीव्रता के भूकंप आईल। अबहीं ले कवनो तरह के जानमाल भा नुकसान के खबर नइखे।लोग के सचेत कs दिहल गईल बा।

नेशनल सेंटर फॉर सीस्मोलॉजी (NCS) के मुताबिक बंगाल में सबेरे 10:51 बजे धरती हिल गईल। भूकंप के केन्द्र अलीपुरद्वार रहे। एकर गहराई 14 किमी नापल गईल। साथ ही असम में भूकंप के केन्द्र हैलाकांडी रहे। एकर गहराई 38 किमी रहे। गुवाहाटी, त्रिपुरा अवुरी बांग्लादेश में भूकंप के झटका महसूस भईल। एनसीएस भारत सरकार के एगो नोडल एजेंसी ह जवन भूकंपीय गतिविधि के 24/7 निगरानी करेले। एकरा खातिर 155 स्टेशन के नेटवर्क बनावल गईल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]