ब्रिटेन में एस जयशंकर के सुरक्षा में भइल बड़ चूक, भारत सरकार दिहलस कड़ा प्रतिक्रिया

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 6, 2025

भारत के विदेश मंत्री एस जयशंकर ब्रिटेन आ आयरलैंड के छह दिन के दौरा पs बाड़न. मंगल के दिने जयशंकर ब्रिटेन चहुँप गइलन आ प्रधानमंत्री केयर स्टार्मर से भेंट कइलन. हालांकि ब्रिटेन में विदेश मंत्री

Share

विदेश मंत्री एस जयशंकर के सुरक्षा में चूक

भारत के विदेश मंत्री एस जयशंकर ब्रिटेन आ आयरलैंड के छह दिन के दौरा पs बाड़न. मंगल के दिने जयशंकर ब्रिटेन चहुँप गइलन आ प्रधानमंत्री केयर स्टार्मर से भेंट कइलन. हालांकि ब्रिटेन में विदेश मंत्री एस जयशंकर के सुरक्षा में एगो बड़हन चूक सामने आइल बा. भारत सरकार एह घटना पs कड़ा आपत्ति जतवले बिया. भारतीय विदेश मंत्रालय बियफ़ें के एस जयशंकर के ब्रिटेन यात्रा के दौरान सुरक्षा चूक के निंदा कईलस।

भारत सरकार का कहलस?

विदेश मंत्री एस जयशंकर के सुरक्षा में चूक पs भारत के प्रतिक्रिया बियफ़ें के सोझा आईल। भारतीय विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता रणधीर जायसवाल कहले- “हमनी के विदेश मंत्री के ब्रिटेन यात्रा के दौरान सुरक्षा से जुड़ल चूक के घटना के फुटेज देखले बानी। उs कहले कि, हमनी के अलगाववादी अवुरी चरमपंथी के एs छोट समूह के भड़काऊ गतिविधि के निंदा करतानी।”

ब्रिटेन आपन जिम्मेदारी निभावे के सलाह दिहलस

विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता रणधीर जायसवाल अलगाववादी अवुरी चरमपंथियन के निशाना बनावत ब्रिटिश सरकार से भी आपन जिम्मेदारी निभावे के कहले बाड़े। जायसवाल कहले- “हमनी के अयीसन तत्व के ओर से लोकतांत्रिक आजादी के दुरुपयोग के निंदा करतानी। हमनी के उम्मीद बा कि अयीसन मामला में मेजबान सरकार अपना कूटनीतिक दायित्व के पूरा तरीका से पालन करी।” हमनी के बतावतानी कि एs घटना के लेके पूरा विवरण के इंतजार बा।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ बेहद खूबसूरत आ शालीन एक्ट्रेस ‘वहीदा रहमान’ के Lucky charms रहले ‘गुरु दत्त’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.