[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: सीएम योगी कइले पहल, अब टिन शेड नाहीं- पक्का मकान में रही मंजू के परिवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

शनिचर के सबेरे मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ टीपी नगर फ्लाईओवर आ छह लेन वाला सड़क के निरीक्षण करत देवरिया बाईपास के लगे चहुँप गइलन आ एह बाईपास से जुड़ल फ्लाईओवर के प्रगति के जानकारी लेत रहने. तबे उनकर नजर सड़क के किनारे खड़ा एगो परिवार पs पड़ल जवन उनका के देखत रहे। परिवार के खराब हालत देख सीएम योगी ओ लोग के ओर बढ़ गईले। सामने मौजूद ओह परिवार के महिला से बात कईले।

मुख्यमंत्री मंजू नाम की महिला से पूछले कि उs इहाँ रहेली कि ना? महिला जब हाँ कहली तs मुख्यमंत्री पूछले कि स्थायी मकान काहे ना बनल। एकरा पs महिला अपना कमजोर आर्थिक हालत के बतवली। मुख्यमंत्री पूछले कि का ई जमीन राउर हs आ पीएम के आवास नइखे मिलल.

मंजू बतवली कि जमीन उनुकर हs बाकिर पीएम आवास ना मिलल। मुख्यमंत्री के मंजू के समस्या के बारे में जाने खातीर प्रेरित कईल गईल। उs तुरंत प्रशासन के अधिकारी के निर्देश देले कि जल्दी से जल्दी एs महिला के परिवार के पीएम आवास उपलब्ध करावल जाए। संगही, जदी विकास के काम के चलते एs परिवार के जमीन अधिग्रहण के दायरा में आईल बा तs जल्दी मुआवजा भी देवे के चाही। सीएम के निर्देश मिलते प्रशासन के ओर से प्रक्रिया शुरू हो गईल।

मुख्यमंत्री से आवास के इंतजाम के पक्का आश्वासन मिलला के बाद मंजू के आंख में खुशी के भाव उमड़ गईल। उs हाथ जोड़ के सीएम के आभार जतवले। मुख्यमंत्री के निरीक्षण के बाद मंजू कहले कि, ‘धन्यवाद महाराज जी।’ उनुका कृपा से अब हमनी के परिवार के समस्या के समाधान हो जाई अवुरी स्थायी घर में रहे के हमार सपना पूरा होई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]