[the_ad_group id="30365"]

फिजिकल एजुकेशन के दौरान 15 छात्रा लोग के संगे यौन शोषण, बेंगलुरु के दरिंदा शिक्षक भइल गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बेंगलुरु के एगो सरकारी स्कूल के शिक्षक के हैरान करे वाली हरकत सोझे आइल बा। ऊ फिजिकल एजुकेशन के दौरान बीतल तीन महीना में 15 छात्रा लोग के यौन शोषण कइलें। पुलिस ओके गिरफ्तार कs लिहले बा।

बेंगलुरु पुलिस बतवलें कि हेब्बल के सरकारी स्कूल के शिक्षक अंजनप्पा फिजिकल एजुकेशन के कक्षा के दौरान छात्रा लोग के अनुचित रूप से छूअत रहे अउर कई बेर उनके किस भी करत रहे।हेब्बल पुलिस थाना के निरीक्षक दिलीप कुमार के एच बतवली कि घटना हाल ही में तब ओझे आइल जब कक्षा आठवीं अउर नउवीं के छात्रा के अपने माता-पिता के शिक्षक के करतूत के बारे में बतवलें।

एकरे बाद माता-पिता स्कूल के हेडमास्टर के ई जानकारी देहलें। हेडमास्टर मामिला आंतरिक जांच करवलें। जांच में विद्यार्थी लोग आरोप लगावल कि उक्त शिक्षक भोजनावकाश अउर पीई के कक्षा के दौरान अनुचित ढंग से छूएला अउर किस भी करेने। शिक्षक के खिलाफ आरोपन के पुष्टि के बाद हेडमास्टर मंगर के आरोपी के खिलाफ पुलिस में शिकायत दर्ज करावल गइल। पुलिस उनके खिलाफ पोक्सो कानून अउर अन्य धारा में केस दर्ज कs के गिरफ्तार कs लिहले बा।

पुलिस बतवलस कि आरोपी अंजनप्पा के खिलाफ पोक्सो एक्ट के धारा 8, जेमें यौन उत्पीड़न खातिर तीन से पांच साल तक के सजा के प्रावधान बा अउर धारा 12, जेमें यौन उत्पीड़न खातिर तीन साल के सजा अउर जुर्माना के प्रावधान अउर भादंवि के धारा 354 (शील भंग कइले के इरादा से हमला) के तहत मामला दर्ज कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]