Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Dunki Ott Release: एह दिन ओटीटी पs रिलीज होइ किंग खान के फिलिम ‘डंकी’, जानी कहां आ कइसे देखी फिलिम

बॉलीवुड सुपरस्टार शाहरुख खान के प्रशंसकन के जोश चरम पर बा। एकर कारण बा उनकर आवे वाली फिलिम ‘डंकी’ जवना के निर्देशन हिंदी सिनेमा के एगो सफल निर्देशक राजकुमार हिरानी करत बाड़न। जवान के आकर्षण तबहियो बरकरार रहे जब शाहरुख एह साल के आपन तिसरका फिलिम डंकी के एलान कइलन।

1,977

 

Dunki Ott Release: एह दिन ओटीटी पs रिलीज होइ किंग खान के फिलिम ‘डंकी’, जानी कहां आ कइसे देखी फिलिम

 

Dunki Ott Release: King Khan’s film ‘Dunki’ will be released on OTT on this day, know where and how to watch the film.

 

बॉलीवुड सुपरस्टार शाहरुख खान के प्रशंसकन के जोश चरम पर बा। एकर कारण बा उनकर आवे वाली फिलिम ‘डंकी’ जवना के निर्देशन हिंदी सिनेमा के एगो सफल निर्देशक राजकुमार हिरानी करत बाड़न। जवान के आकर्षण तबहियो बरकरार रहे जब शाहरुख एह साल के आपन तिसरका फिलिम डंकी के एलान कइलन। क्रिसमस के मौका पs ई फिलिम सिनेमाघरन में रिलीज होखी। अब से प्रशंसक डंकी के लेके सुपर एक्साइटेड हो गईल बाड़े। फिल्म अबे ले सिनेमाघरन में रिलीज नइखे भइल आ एकरा ओटीटी राइट्स के लेके खबर सामने आइल बा।

रिलीज से पहिले बीकल ओटीटी राइट्स

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक शाहरुख खान के डंकी के ओटीटी राइट्स बिक ​​चुकल बा। रिलीज होखे से पहिले भी एह फिलिम के करोड़ो रुपिया के कमाई भइल बा। प्रशंसक लोग डंकी में शाहरुख खान आ तापसी पन्नू के जोड़ी देखे जा रहल बा।ई नया जोड़ी प्रशंसकन के बहुते पसंद आवे वाला बा।

एतना में राइट्स बिकाइल

डंकी के ओटीटी राइट्स जियो सिनेमा खरीदले बा। खबर के मुताबिक इ सौदा 155 करोड़ रुपिया में भईल बा। मतलब कि फिल्म रिलीज होखे से पहिले भी 155 करोड़ रुपया कमा चुकल बा। रिपोर्ट पs विश्वास करे के बा त डिजिटल अवुरी सैटेलाइट दुनो के राइट्स 230 करोड़ रुपिया में बेचल गईल बा। हालांकि एकर आधिकारिक जानकारी अबे ले नईखे दिहल गईल।

किंग खान अवुरी राजकुमार हिरानी पहिला बेर एक संगे काम करीहे

शाहरुख खान के आवे वाली फिलिम के निर्देशन राजकुमार हिरानी आ लेखक अभिजात जोशी हउवें। इ पहिला फिल्म होई जवना में शाहरुख खान अवुरी राजकुमार हिरानी एक संगे काम करत देखाई दिहे। एह फिलिम में किंग खान के साथे तापसी पन्नू मुख्य भूमिका में बाड़ी।

जवान मचा रहल बा धमाल

एटली के निर्देशन में बनल फिलिम जवान के बात कइल जाव त ई फिलिम बॉक्स ऑफिस पs बढ़िया कमाई करत बिया। एक्शन थ्रिलर फिलिम दुनिया भर में करीब 700 करोड़ रुपिया आ अकेले भारत में 400 करोड़ रुपिया से अधिका के कमाई कइले बिया जवना से ई ‘पठान’ आ गदर 2 के बाद एह साल के तिसरका सबले बेसी कमाई करे वाली भारतीय फिलिम बन गइल बिया।

 

 

646040cookie-checkDunki Ott Release: एह दिन ओटीटी पs रिलीज होइ किंग खान के फिलिम ‘डंकी’, जानी कहां आ कइसे देखी फिलिम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.