[the_ad_group id="30365"]

लेबनान में 356 मउत से बौखलाइल हिजबुल्लाह,हमला से आसमान में दिवाली जइसन नजारा

इजरायल पs हिजबुल्लाह कइलस रॉकेट के बौछार: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

इजरायली हमला से हिजबुल चौंक गइल बा लेबनान में 274 लोग के मउत हो गइल बा. इजरायली हमला के कुछ देर बाद हिजबुल इजरायल पs रॉकेट चला दिहलस. इजरायल के आसमान में एके साथे सैकड़न रॉकेट देख के आपातकालीन हवाई हमला के सायरन बाजे लागल। लोग आपन जान बचावे खातिर सुरक्षित जगहा के ओर भागत लउकत बा. हालांकि इजरायली सेना के कहल बा कि ऊ हिजबुल के अधिकतर रॉकेट हमला के अपना आयरन डोम से नाकाम करत बिया.

बाकिर हिजबुल के तेज आ ताकतवर जवाबी हमला के देखत इजरायल के देश में आपातकाल के घोषणा करे के पड़ल. ई आपातकाल 30 सितंबर ले लागू हो चुकल बा। हिजबुल के जवाबी हमला के बाद इजरायल के आसमान में दिवाली निहन नजारा देखाई देता।  इजरायली सेना हिजबुल के जवाबी हमला के वीडियो भी जारी कईले बिया, जवना में ओकरा के आयरन डोम से हिजबुल के रॉकेट के नष्ट करत देखल गईल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]