[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: ठंड के कारण 18 जनवरी तक बंद रही अब 12वीं तक के स्कूल, जारी रही प्रैक्टिकल और प्री-बोर्ड परीक्षा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में बढ़त ठंड के देखत एक बेर फेर स्कूलन के छुट्टी के बढ़ा दिहल गइल बा। डीएम क्लास एक से 12 तक के जिला के सब राजकीय, सहायता प्राप्त, सेल्फ फाइनेंस आ प्राइवेट स्कूलन के 16 से 18 जनवरी तक बंद करे के आदेस जारी कइलें बाड़ें। पहिले ई छुट्टी 13 जनवरी तक कइल गइल रहे। 14 के अतवार आ 15 के मकर संक्रांति के छुट्टी रहे। अइसन में एक बेर फेर भीषण शीतलहर के देखत स्कूलन के छुट्टी बढ़ा दिहल गइल बा।

दरअसल, बीते 3-4 दिन से बहुत जादे कोहरा पड़ रहल बा। संगही गलन बहुत बढ़ गइल बा। एकरा वजह से लोगन के बहुत परेसानियन के सामना करे के पड़ रहल बा। अइसन में सबसे जादे दिक्कत स्कूली लईकन के उठावे के पड़त रहे। एकरा के देखत डीएम कृष्णा करुणेश जिला के सब स्कूलन के 18 जनवरी तक बंद करे के आदेस जारी कइले बाड़ें।

कड़ाई से करावे के होई आदेस के पालन

डीएम सख्त लहजा में कहलें कि आदेस के पालन कड़ाई के संगे होखे के चाही। जवन स्कूल कोताही बरती, ऊ कार्रवाई खातिर तइयार रही। ऊ कहलें कि ठंड के इस्थिति के मोताबिक आगे के निर्णय लिहल जाई।

स्कूल के कमरन के तापमान नियंत्रित रखे के होई 

डीएम अपना आदेस में कहले कि जवना स्कूलन में प्रैक्टिकल आ प्री-बोर्ड के परीक्षा चल रहल बा ऊ आपन पुरान शेड्यूल के मोताबिक चलत रही। एकरा खातिर स्कूल में लईकन के कमरा के भीतर बइठावल जाई। संगही कमरा के तापमान नियंत्रित रखे खातिर स्कूल प्रबंधन के हीटर आ ब्लोअर लगावे के होई।

कवनो सूरत में लईकन के सेहत के संगे खिलवाड़ ना होखे दिहल जाई। ऊ कहलें कि लईकन आ टीचर दुनो के सुविधा खातिर ऑनलाइन क्लासेज के संचालन कइल जा सकत बा। सब स्कूलन के एकरा खातिर प्रयास करे के चाहीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]