[the_ad_group id="30365"]

DU: छात्र बीए प्रोग्राम के संगे ऑनर्स के पढ़ाई क सकेले, डीयू में ‘दु डिग्री सिस्टम एक संगे’ लागू होई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली विश्वविद्यालय : दिल्ली विश्वविद्यालय में एक संगे दुगो डिग्री करे के प्रस्ताव के हाल ही में ग्रीन सिग्नल मिलल बा। अब एह प्रस्ताव के 27 जुलाई के होखे वाला कार्यकारी परिषद में राखल जाई। मंजूरी मिलला का बाद गाइडलाइन तइयार कर के दाखिला शुरू कर दिहल जाई।

डीयू : दिल्ली विश्वविद्यालय में एक संगे दु डिग्री करे के सिस्टम के सिर्फ पछिला सप्ताह ही ग्रीन सिग्नल दिहल गइल बा। एह व्यवस्था के तहत विद्यार्थी बीए प्रोग्राम का साथे ऑनर्स डिग्री के पढ़ाई कर सकेलें। खास बात ई बा कि विद्यार्थी के दुनु डिग्री कोर्स खाली डीयू से करे के पड़ी। एक डिग्री रेगुलर मोड के होई आ दूसरा डिस्टेंस लर्निंग मोड के होई।

अब एह प्रस्ताव के 27 जुलाई के होखे वाला कार्यकारी परिषद में राखल जाई। ओहिजा से मंजूरी मिलला के बाद गाइडलाइन तइयार कइल जाई आ एह साल से ही दाखिला शुरू हो जाई। डीयू स्कूल ऑफ ओपन लर्निंग के निदेशक प्रो. पायल मागो कहले कि आवे वाला सत्र 2024-25 से एक संगे दु डिग्री करे के व्यवस्था लागू होई।

एकरा खातिर हमनी के डीयू से गाइडलाइन मिली, जवना के बाद हमनी के एडमिशन लेब। एह नया सिस्टम के खास बात ई बा कि जदी कवनो विद्यार्थी के रेगुलर कॉलेज में ऑनर्स प्रोग्राम में एडमिशन ना मिल पावे तs ऊ एसओएल में उपलब्ध ऑनर्स कोर्स में एडमिशन ले सकेला। हालांकि एह बात के ध्यान राखे के पड़ी कि दुनु कार्यक्रम अलग अलग होखे के चाहीं। एह तरह से ओह लोग के बीए प्रोग्राम का साथे ऑनर्स डिग्री लेबे के मौका मिल जाई।

एकरा संगे-संगे जदी कवनो छात्र दूसरा साल के बा आ शुरू से कवनो अउरी कोर्स के पढ़ाई कइल चाहता तs ऊ पहिला साल में एसओएल में एडमिशन ले सकतारे। एह तरह से एकर दू गो डिग्री प्रोग्राम एके साथे चलत रही।

शैक्षणिक परिषद के बाद प्रस्ताव के कार्यकारी परिषद में राखल जाई

इहो समझल जा सकेला कि बीए प्रोग्राम के पढ़ाई करे वाला कवनो नियमित कॉलेज के छात्र एसओएल से बीए इंग्लिश ऑनर्स में दाखिला ले सकेला। ई व्यवस्था अउरी कार्यक्रमन खातिर भी अइसने होई। हालांकि छात्र के कोर्स खातीर जरूरी शैक्षणिक योग्यता पूरा करे के होई। एह प्रस्ताव के कार्यकारी परिषद से भी मंजूरी मिले के उम्मीद बा। जइसहीं ओहिजा से मंजूरी मिल जाई एह व्यवस्था खातिर दिशानिर्देश तइयार कइल जाई आ ओकरा बाद दाखिला हो जाई। मालूम बा कि एसओएल में दाखिला अगस्त के अंत तक होखेला। अइसना में विद्यार्थियन के एडमिशन लेबे में कवनो दिक्कत ना होखी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]