Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर आ बरेली में बनी नारकोटिक्स सेंटर: नशा के कारोबार प लागी अंकुश, चरगांवा में 1.6 एकड़ जमीन आवंटित

278

गोरखपुर में नशा के सौदागर अब नशा के कारोबार ना कर सकिहे। गोरखपुर में जल्दिये नारकोटिक्स ब्यूरो (NCB) के रीजनल सेंटर खुली। ई सेंटर शहर से सटल चरगांवा में बनावल जाई। एकरा खातिर जिला प्रशासन 1.6 एकड़ जमीन आवंटित क देले बा। संगही निर्माण ला टेंडर के प्रक्रिया शुरू हो गइल बा।

बरेलीयो में खुली NCB सेंटर

एह सेंटर के खुल गइला से गोरखपुर-बस्ती मंडल के संगही कुशीनगर-गोरखपुर एयरपोर्ट, रेलवे स्टेशन आ नेपाल आउर बिहार बार्डर के निगरानी कइल आसान हो जाई। ओहिजा, गोरखपुर के तरे बरेली में NCB के दूसरका रीजनल सेंटर प्रस्तावित बा। बरेलीयो में जल्दिये एकर प्रक्रिया शुरू हो जाई। जल्दिए शुरू होई निर्माण

गोरखपुर के ज्वाइंट मजिस्ट्रेट सदर कुलदीप मीणा बतवले, ‘‘नारकोटिक्स ब्यूरो के रीजनल सेंटर खातिर जमीन आवंटित क दिहल गइल बा अब जल्दिये एकर निर्माण के प्रक्रिया शुरू हो जाई। शासन रीजनल सेंटर खातिर जिला प्रशासन से दु एकड़ जमीन चिह्नित क प्रस्ताव भेजने के कहले रहे। जवना के जमीन चरगांवा में फाइनल होखला के बाद ओकरा के आवंटित क दिहल गइल बा।”

ताकि नशा के कारोबार प लाग सके अंकुश

असल में गोरखपुर से सटल नेपाल आ बिहार बार्डर के वजह से इहां से सबसे बेसी नशीला दवाई आ ड्रग तस्करी के काम चल रहल बा। जवना प अंकुश लगावे खातिर शासन के निरदेस के क्रम में जिला प्रशासन जमीन के तलाश करत रहे। दु-तीन जगे जमीन देखला के बाद चरगांवा स्थित 1.6 एकड़ जमीन एकरा खातिर सबसे मुफीद पावल गइल। शासन से मंजूरी मिलला के बाद नारकोटिक्स ब्यूरो के जमीन आवंटित क दिहल गइल बा।

335620cookie-checkगोरखपुर आ बरेली में बनी नारकोटिक्स सेंटर: नशा के कारोबार प लागी अंकुश, चरगांवा में 1.6 एकड़ जमीन आवंटित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.