[the_ad_group id="30365"]

शिक्षकन के ड्रेस कोड : अब स्कूलन में जींस-टी-शर्ट आ लेगिंग्स नाहीं पहन सकेले शिक्षक….. शिक्षकन खातीर राज्य सरकार जारी कइलस ड्रेस कोड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

असम : अब शिक्षकन खातिर ड्रेस कोड लागू हो गइल बा। केहू अपना मर्जी के मुताबिक कपड़ा पहिन के स्कूल ना आ पाई। असम सरकार शिक्षकन के ड्रेस कोड के मुताबिक स्कूल में अनिवार्य रूप से आवे के आदेश देले बिया। आदेश के मुताबिक सरकारी स्कूल में शिक्षक अब अपना पसंद के कपड़ा जईसे टीशर्ट, जींस आदि ना पहिन पईहे।

अगर निर्देश के पालन ना भइल त कार्रवाई कइल जाई

अधिसूचना के मुताबिक शिक्षक के सिर्फ औपचारिक पोशाक पहिन के स्कूल में ड्यूटी में आवे के कहल गईल बा। अधिसूचना में कहल गइल बा कि एह बात पे ध्यान दिहल गइल बा कि स्कूल-कॉलेज के कुछ शिक्षकन के अपना पसंद के ड्रेस पहिरे के आदत बा जवन कबो-कबो जनता के स्वीकार्य ना होखे। अधिसूचना के मुताबिक शिक्षक के एगो वर्ग अटपटा वाला ड्रेस पहिनले मिलल, जवना से जन भावना के चोट पहुंचल। एहीसे शिक्षक लोग से औपचारिक ड्रेस कोड के कड़ाई से पालन करे के कहल गईल बा।

का पहिरे के बा

महिला शिक्षक के ड्रेस कोड इहे होई

इहो कहल गइल बा कि चूंकि कवनो शिक्षक से हर तरह से शालीनता के उदाहरण होखे के उमेद कइल जाला, खास कर के आपन कर्तव्य निभावत घरी। आदेश में कहल गईल बा कि पुरुष शिक्षक के उचित औपचारिक पोशाक में ही कर्तव्य निभावे के चाही। जबकि महिला शिक्षक के सलवार सूट/साड़ी आदि पहिन के ड्यूटी करे के चाही।

का आदेश के ना माने के सजा होई?

आदेश में कहल गइल बा कि अगर शिक्षक सरकारी आदेश के पालन ना करीहें त ओह लोग के सजा मिल सकेला।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]