[the_ad_group id="30365"]

UP में लागू भइल Dress Code, अब नाहीं पहिन पइहें जींस-टीशर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेडिकल एजुकेशन विभाग के ओर से सभ मेडिकल कॉलेज के महिला, पुरुष डॉक्टर अवुरी बाकी कर्मी खातीर फैशन के संबंध में आचार संहिता लागू कईला के बाद अब राष्ट्रीय स्वास्थ्य मिशन (एनएचएम) भी एs दिशा में पहल कईले बा।

एनएचएम के सभ अधिकारी अवुरी कर्मचारी खातीर ड्रेस कोड तय कs दिहल गईल बा। महिला जींस, टीशर्ट चाहे स्कर्ट-टॉप पहिन के ऑफिस ना आ पईहे। पुरुष भी ड्यूटी के दौरान खाली फॉर्मल पैंट अवुरी शर्ट पहिनहे।

एनएचएम के अपर मिशन निदेशक डॉ. हीरालाल एs संबंध में आदेश जारी कईले बाड़े। आदेश में कहल गईल बा कि एनएचएम के मानव संसाधन नीति में ड्रेस कोड के प्रावधान बा।

लेकिन सभ अधिकारी अवुरी कर्मचारी एकर पालन ना करेले। अनौपचारिक परिधान पहिन के आफिस आवेले। इs गरिमा के प्रतिकूल बा।

सभके निर्देश दिहल गईल बा कि उ लोग गरिमामय औपचारिक परिधान पहिन के पद पs आवे। महिला खाली साड़ी चाहे दुपट्टा के संगे सलवार कमीज पहिरीहे। जबकि पुरुष के ड्यूटी के दौरान खाली फॉर्मल पैंट अवुरी शर्ट पहिने के होई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]